[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: आनंदनगर-घुघली रेल लाइन खातिर भूमि अधिग्रहण में तेजी लाए के निर्देश

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

गोरखपुर: केंद्रीय वित्त राज्य मंत्री पंकज चौधरी सोमार के दिने पूर्वोत्तर रेलवे जीएम सौम्या माथुर आ रेलवे के अउरी वरिष्ठ अधिकारी के साथे महाराजगंज नयका रेल लाइन परियोजना के राह आनंद नगर-घुघली के प्रगति के समीक्षा कइलन। मंत्री जी ए नया रेल लाइन के निर्माण खातीर जमीन अधिग्रहण के काम में तेजी ले आवे के निर्देश देले।

रेलवे गेस्ट हाउस में भईल समीक्षा बैठक में जीएम मंत्री से कहले कि 52.70 किमी. एह लमहर नया लाइन निर्माण परियोजना के 958.27 करोड़ रुपिया में मंजूरी मिल गइल बा। चालू वित्तीय वर्ष में एह काम खातिर 20 करोड़ रुपिया के आवंटन कइल गइल बा। एह लाइन के निर्माण के बाद गोंडा से पनियहवा तक आनंदनगर, गोरखपुर, गोरखपुर कैंट, घुघली होत कुल दूरी 307 किमी बा।

एह नया रेल लाइन के निर्माण से ई दूरी घट के 265 किलोमीटर हो जाई। एह रेल लाइन खातिर लिडार सर्वेक्षण के काम पिछला महीना से शुरू भइल रहे। केंद्रीय मंत्री कहले कि ए लाइन के निर्माण जल्दी शुरू करे के होई, जवना खाती जमीन अधिग्रहण के प्रक्रिया में तेजी ले आवे के जरूरत बा।

एह मउका पs मुख्य प्रशासनिक अधिकारी/निर्माण एससी श्रीवास्तव, सीपीआरओ पंकज कुमार सिंह, सचिव/महाप्रबंधक आनंद ऋषि श्रीवास्तव आ वरिष्ठ अधिकारी मौजूद रहले।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]