[the_ad_group id="30365"]

गोपालगंज: अनियंत्रित होके ऑटो पलटल : दुगो पुलिसकर्मी घायल, हत्या के प्रयास के ममिला में गिरफ्तार अभियुक्त के कोर्ट लेके जात घरी भइल हादसा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोपालगंज के ऊंचकागांव थाना क्षेत्र के इटवापुल के लगे स्कूटी सवार महिला के बचावे के चक्कर में ऑटो पलट गइल। एकरा कारण ऑटो में सवार तीन गो पुलिसकर्मी घायल हो गइल लो। जबकि घायलन में सामिल सब इंस्पेक्टर बुरा तरे घायल हो गइलें। उनका के सदर अस्पताल से गोरखपुर रेफर कs दिहल गइल बा।

ओहिजा, आउर दुगो पुलिसकर्मी के इलाज सदर अस्पताल में करावल गइल बा। घायलन में भोरे थाना में तैनात सब इंस्पेक्टर राजेश राम, सिपाही काली दयाल चौधरी आ राजेंद्र राम सामिल बा लो।

घटना के बारे में बतावल जात बा कि घायल सब इंस्पेक्टर राजेश राम अपना थाना के दुगो पुलिसकर्मी आ चौकीदार के संगे एगो हत्या के प्रयास के एगो ममिला में गिरफ्तार अभियुक्त के लेके ऑटो पs सवार होके गोपालगंज स्थित सिविल कोर्ट में प्रस्तुत करे जात रहे लो। एही बीच ऊ जइसही ऊंचकागांव थाना क्षेत्र के इटवा गांव के लगे पहुंचल रहे लो कि तबे एगो स्कूटी सवार महिला सड़क पार करत रहली। जिनका के बचावे खातिर ऑटो ड्राइवर ब्रेक लगवलें।

एकरा बाद ऑटो अनियंत्रित होके मवके पs पलट गइल। एह हादसा में तीन लोग जख्मी हो गइल। जबकि सब इंस्पेक्टर राजेश राम के गंभीर चोट लागल बा। ओहिजा, आउर पुलिसकर्मियन के हलुक चोट लागल बा। चौकीदार आ अभियुक्त बाल-बाल बच गइल लो।

दुनो मिलके सब घायलन के उठाके सड़क के किनारे कइल। एह दौरान चौकीदार डायल 112 के तत्काल सूचना देलें। सूचना पाके डायल 112 के टीम मवका पs पहुंचल आ जख्मियन के इलाज खातिर सदर लेके पहुंचल। जहां डॉक्टर लोग प्राथमिक उपचार के बाद स्थिति के गंभीर देखत बेहतर इलाज खातिर गोरखपुर रेफर कs दिहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]