Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Bihar Bridge Collapse : भारतमाला प्रोजेक्ट के तहत बन रहल देस के सबसे बड़ पुल गिरल, एह तरे गिरला से उठल सवाल

567

Bihar News : लोकसभा चुनाव के तइयारियन के बीच केंद्र सरकार के भारतमाला प्रोजेक्ट के तहत बन रहल देस के सबसे बड़ पुल के गिरला से विपक्षी दलन के मुद्दा मिलल तय बा। सुपौल आ मधुबनी के कोसी नदी के ऊपर जोड़े वाला ई पुल एही साल बनके तइयार होखे के रहे।

सुपौल आ मधुबनी जिला के जोड़े खातिर कोसी नदी पs देस के सबसे लमहर पुल के बड़ा हिस्सा (गार्डर) गिर गइल। एमे दबला से एगो मजदूर के मौत हो गइल। ओहिजा, नव से जादे मजूदर घायल बा लो। तीन से चार मजदूर गार्डर के नीचे दबल बा लो। एक बेर फेर से बिहार में पुल हादसा के बाद विपक्ष आ जनता पुल के गुणवत्ता पs सवाल उठा रहल बा।

स्थानीय लोगन के कहनाम बा कि हमनी के पुल निर्माण कंपनी के इंजीनियर के कइयन बेर कहनी सs कि गुणवत्ता ठीक नइखे। बाकिर, उनलोगों ने एक नs सुनी। नतीजा आज सबका सोझा बा। ओहिजा, सुपौल के जिलाधिकारी ममिला के जांच के बात कहले बाड़ें। सदर एसडीएम इंद्रवीर कुमार कहलें कि मधुबनी के भेजा से क्रेन आ रहल बिया। गार्डर उठला के बादे सारा बात स्पष्ट हो पाई।

भारतमाला प्रोजेक्ट के तहत देस के सबसे लमहर पुल के निर्माण

केंद्र सरकार के महत्वपूर्ण भारतमाला प्रोजेक्ट के तहत देस के सबसे लमहर पुल के निर्माण हो रहल बा। परिवहन आ राजमार्ग मंत्रालय के ओर से 1200 करोड़ के लागत से बनावल जा रहल बा। एकर लंबाई 10.2 किलोमीटर से जादे बा। एप्रोच रोड मिलाके पुल के कुल लंबाई 13.3 किलोमीटर होई। पुल निर्माण के काम ट्रांस रेल कंपनी करवा रहल बिया। स्थानीय लोगन के कहनाम बा कि हादसा के बाद कंपनी के अधिकारी आ इंजीनियर मवका पs ना आइल लो लोगन के इहो कहनाम बा कि पुल के निर्माण 2023 तक पूरा होखे के रहे, बाकिर कोरोना आ बाढ़ के कारण पुल निर्माण के समय बढ़ गइल।

शाहनवाज हुसैन बोललें – अत्यंत दुखद आ पीड़ादायक बा ई हादसा

पुल हादसा के बाद पूर्व केंद्रीय मंत्री सैय्यद शाहनवाज हुसैन कहलें कि सुपौल में कोसी नदी पs पुल के हिस्सा गिरला से भइल हादसा अत्यंत दुखद आ पीड़ादायक बा। दुआ कs रहल बानी हूं कि हादसा के जद में आइल लोग सलामत रहे आ बचाव दल के ओह लोगन के सुरक्षित बचावे में सफलता मिले।

772210cookie-checkBihar Bridge Collapse : भारतमाला प्रोजेक्ट के तहत बन रहल देस के सबसे बड़ पुल गिरल, एह तरे गिरला से उठल सवाल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.