[the_ad_group id="30365"]

सुपुर्द-ए-खाक भइल अतीक के बेटा, प्रयागराज के कब्रिस्तान में दफनावल गइल….

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

प्रयागराज : माफिया से राजनेता बनल अतीक अहमद के बेटा असद आ सहयोगी गुलाम के लाश उत्तर प्रदेश पुलिस शनिवार के सबेरे प्रयागराज के मुर्दाघर में रखले रहे, जहां से उनुका के कब्रिस्तान में ले जाके दफना दिहल गईल। उत्तर प्रदेश पुलिस के दु एम्बुलेंस आ वैन में लाश के प्रयागराज मुर्दाघर ले आवल गईल। बता दीं कि माफिया अतीक के बेटा असद आ गुलाम के झांसी में भइल एनकाउंटर में एसटीएफ के हाथे मारल गइल | अतीक अहमद के बेटा असद अहमद आ मकसूदन के बेटा गुलाम, दुनो लोग प्रयागराज के उमेश पाल हत्या के मामला में वांछित रहले आ दुनो पे पांच-पांच लाख रुपया के इनाम रहे।

 

झांसी में डीएसपी नवेंदु अवुरी डीएसपी विमल के नेतृत्व में यूपी एसटीएफ टीम के संगे भईल मुठभेड़ में दुनो आरोपी के मौत हो गईल। दुनु जने से विदेशी निर्मित अत्याधुनिक हथियार बरामद भइल बा |

उमेश पाल हत्या के मामला में अतीक अहमद आ उनुकर परिवार सवालों के घेरा मे आ गईले। पछिला 43 साल में 100 से जादा मामला दर्ज भईल अतीक अहमद के एही मामला में दोषी करार दिहल गईल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]