[the_ad_group id="30365"]

कोरोना : मई में कोरोना से कोहराम भारत में ? हर दिन 50 हजार केस के संभावना, विशेषज्ञ चेतवले..

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कोरोना : देश में कोरोना के बढ़त केस के बीच आईआईटी कानपुर के प्रोफेसर दावा कईले बाड़े कि मई के बीच तक देश में रोज 50 हजार कोरोना के मामला आ सकता। उ एगो गणितीय मॉडल के आधार पे इ दावा कईले बाड़े। उनुका मॉडल के आधार पे कईल गईल भविष्यवाणी कोविड पे अबे तक के सबसे सटीक साबित भईल बा।

कोरोना : देश भर में लगातार बढ़त कोरोना केस एक बार फिर से लोगन के डरा रहल बा। एक दिन में दस हजार से अधिका केस दर्ज हो रहल बा। पिछला तीन साल से कोरोना पे सही भविष्यवाणी करे वाला कानपुर आईआईटी के प्रोफेसर मणींद्र अग्रवाल दावा कइले बाड़न कि मई के बीच में कोरोना (कोविड 19) चरम पे हो जाई।

 

दरअसल, गणितीय मॉडल के आधार पे डॉ. मणींद्र अग्रवाल के ओर से जवन भविष्यवाणी कईल गईल बा, उ पूरा देश में सबसे सटीक साबित भईल बा, लेकिन उनुका मॉडल के सही गणना करे खातीर रोज कम से कम 10,000 केस होखल जरूरी बा। अयीसना में पछिला कुछ दिन के अध्ययन के आधार पे आईआईटी के प्रोफेसर मणिंद्र अग्रवाल के कहनाम बा कि Covid (Covid 19) के चरम मई महीना के बीच में देखल जा सकता। एह गणितीय मॉडल के आधार पे मई के मध्य महीना से रोज 50 से 60 हजार केस आवे के उम्मेद बा।

 

मणिंद्र अग्रवाल गणितीय मॉडल सूत्र के आधार पे भविष्यवाणी करेले। आज तक से बातचीत में उ कहले कि कोरोना के संख्या में अचानक बढ़ोतरी के दु कारण बा। पहिला कारण इ बा कि लोग के भीतर नेचुरल इम्युनिटी कम हो रहल बा। जब संक्रमण होखेला त शरीर में वायरस से लड़े खातिर इम्युनिटी के विकास हो जाला। कोरोना से लड़े के इ क्षमता लोग में पांच प्रतिशत कम हो गईल बा। एकरा अलावे दूसरा कारण बा कोविड-19 के नाया वेरिएंट जवन कि पहिले के वेरिएंट से जादे तेजी से फैल रहल बा। एही कारणन के चलते कोरोना केस में लगातार बढ़ोतरी देखल जा रहल बा।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]