Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Bihar Caste Census: बिहार में आज से जातीय जनगणना के दूसरका चरण के सुरुआत, CM नीतीश करिहें सुभारंभ, पूछल जाई ई सवाल

Caste Census In Bihar: मुख्यमंत्री नीतीश कुमार बख्तियारपुर से जातीय जनगणना के दूसरका चरण के शुभारंभ करिहें। मिलल जानकारी के मोताबिक दूसरका चरण में 15 अप्रिल से 15 मई तक जाति आधारित गणना कइल जाई। एह दौरान घर-घर जाके लोगन से 17 सवाल पूछल जाई।

322

बिहार में जातिगत जनगणना (Caste Census) के पहिला चरण पूरा हो चुकल बा, ओहिजा आज से जाति आधारित गणना के दूसरका चरण के (Second Phase of Caste Census) के सुरुआत हो रहल बा। मुख्यमंत्री नीतीश कुमार (Nitish Kumar) बख्तियारपुर से जातीय जनगणना के दूसरका चरण के सुभारंभ करिहें। मिलल जानकारी के मोताबिक दूसरका चरण में 15 अप्रिल से 15 मई तक जाति आधारित गणना कइल जाई। एह दौरान घर-घर जाके लोगन से 17 सवाल पूछल जाई।

दरअसल जाति आधारित गणना के दूसरा चरण सबसे महत्वपूर्ण मानल जा रहल बा। एह काम के अंजाम देवे वाला जे प्रगणक बा, कुल 17 सवाल के लिस्ट लेके रउआ घर तक पहुंचीं लो ओह सवालन से जुड़ल जानकारी रउआ से मांगी लो। अइसन में एह दौरान का-का आ केतना तरे के सवाल पूछल जाई, एकर जानकारी एह खबर में प्राप्त कइल जा सकत बा।

एह सवालन के देवे के होई जवाब

  1. रउआ परिवार के सदस्यन के नाम का बा?
  2. राउर बाबूजी के भा पति के नाम का बा?
  3. घर आ परिवार के जे मुखिया बा ओकरा से राउर संबंध का बा?
  4. राउर उमिर का बा?
  5. राउर लिंग का बा?
  6. रउआ शादीशुदा बानी कि ना ?
  7. रउआ कवना धर्म से बानी?
  8. राउर जाति का हs?
  9. रउआ केतना पढ़ल लिखल बानी?
  10. रउआ का करत बानी? एकर पूरा जानकारी दीं।
  11. राउर आवासीय इस्थिति का बा?
  12. रउआ स्थायी तौर पs रहेनी भा अस्थायी?
  13. रउआ लगे कंप्यूटर भा लैपटॉप बा कि ना?
  14. रउआ लगे कवनो तरे के वाहन बा कि ना?
  15. रउआ लगे खेती लायक जमीन बा कि ना जदि बा तs केतना?
  16. रउआ लगे केतना आवासीय भूमि बा?
  17. राउर आय के केतना स्रोत बा?

मासिक आय के देवे के होई जानकारी

एकरा संगही राउर मासिक आय केतना बा। रउआ इहो बतावे के होई कि रउआ परिवार के कवनो सदस्य के आउर जगह गणना तs नइखे भइल, जवना के घोषणा ओ घर के मुखिया के करे के होई। ओहिजा प्रगणक एगो पेज पs परिवार के जवन पूरा जानकारी लिहि लो ओह पs घर आ परिवार के जे मुखिया होई ओकर हस्ताक्षरो लिहल जाई।

ऑनलाइन आ ऑफलाइन दुनो तरे से कइल जाई गणना

जाहिर बा जातिगत गणना के दूसरका चरण में रउआ से जुड़ल पूरा जानकारी प्रगणक के माध्यम से सरकार के प्राप्त हो जाई। जातिगत गणना से जुड़ल अधिकारी बतावत बा लो कि जातिगत गणना के पहिला चरण में जवना मकानन के गणना कइल गइल रहे। ओहि के सीरियल नंबर के आधार पs दूसरका चरण के गणना होई। इहो जानकारी मिलल की दूसरका चरण के गणना के दौरान ऑनलाइन के संगे ऑफलाइन गणना के काम कइल जाई। एह दौरान लोगन से लिहल गइल जानकारी आ हस्ताक्षर वाला कागजात के अपलोड कइल जाई ताकि भविष्य में कवनो तरे के कवनो विवाद ना होखे आ एह प्रक्रिया में पूरा तरे से पारदर्शितो लउके।

517920cookie-checkBihar Caste Census: बिहार में आज से जातीय जनगणना के दूसरका चरण के सुरुआत, CM नीतीश करिहें सुभारंभ, पूछल जाई ई सवाल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.