[the_ad_group id="30365"]

असम में बाढ़ के तबाही : 24 जिला में 2 लाख से ढेर लोग प्रभावित

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

असम में बाढ़ के चलते हालात बिगड़ गईल बा। अभी तक काचार, चारैदेव, दरंग, धेमाजी, डिब्रूगढ़, दीमा हसाओ समेत 24 जिला में बाढ़ से 2 लाख से जादा लोग प्रभावित भईल बाड़े। अभी तक बाढ़ आ भूस्खलन से 7 लोग के मौत हो चुकल बा। मौसम विभाग केरल के 4 जिला में भारी बरखा के अलर्ट भी जारी कईले बा।

असम राज्य आपदा प्रबंधन प्राधिकरण (एएसडीएमए) के मुताबिक, बरखा से शुरू भईल भूस्खलन के बाद पहाड़ी जिला दीमा हसाओ के राज्य के बाकी हिस्सा से काट दिहल गईल बा। संवाद पूरा तरह से बंद बा। हाफलोंग जाए वाली सगरी सड़क आ रेल लाइन 15 मई से बंद हो गइल बा.

बरखा के चलते लाखों के नुकसान

लगातार बरखा के चलते कई जिला में सड़क, पुल के नुकसान पहुंचल बा। फसल नष्ट हो गइल बा. खतरा के निशान से ऊपर कई गो नदी बह रहल बाड़ी स। काचार जिला में बाढ़ का चलते दू जने के मौत हो गइल जबकि दीमा हसाओ में भूस्खलन का चलते तीन लोग के मौत हो गइल.

अभी तक 652 गांव बाढ़ से प्रभावित भईल बा

20 जिला के 46 राजस्व प्रमंडल के कुल 652 गांव अब तक बाढ़ से प्रभावित भईल बा। जनता के राहत देवे खातिर सात जिला में करीब 55 राहत शिविर खोलल गईल बा, जवना में 32 हजार 959 लोग के आश्रय दिहल गईल बा। बाढ़ प्रभावित इलाका में एनडीआरएफ, सेना, एसडीआरएफ के जवान बचाव आ राहत अभियान में लागल बाड़े।

केरल में भारी बारिश, 4 जिला में जारी ऑरेंज अलर्ट

मौसम विभाग केरल में भारी बरखा के चेतावनी दिहले बा आ मलप्पूराम, कोझीकोड, कन्नूर आ कसरागोड जिला समेत चार गो जिला में ऑरेंज अलर्ट जारी कइले बा. बाकी सगरी जिलन में येलो अलर्ट जारी कर दिहल गइल बा. मछुआरन से कहल गइल बा कि ऊ लोग समुद्र में उतरे के साहस मत करसु. एकरा अलावे बहुत इलाका में फ्लड अलर्ट भी जारी कईल गईल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]