[the_ad_group id="30365"]

श्रीलंका संकट : नेशनल एयरलाइंस के बिक्री होई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

श्रीलंका के नयकी सरकार आर्थिक नुकसान के भरपाई खातिर आपन राष्ट्रीय एयरलाइन बेचे के योजना बनवले बिया जेहसे कि देश के वित्तीय हालात के निपटारा कइल जा सके. सरकारी कर्मचारियन के वेतन देबे खातिर अधिकारियन के नया नोट छापे पर मजबूर कइल जात बा. ब्लूमबर्ग के मुताबिक, श्रीलंका के नयका प्रशासन श्रीलंका के एयरलाइन के निजी हाथ में देवे के योजना बनावतिया। प्रधानमंत्री रणिल विक्रेमसिंह एगो टेलीविजन संबोधन में कहले कि मार्च 2021 में खतम होखे वाला वित्तीय साल में श्रीलंका के एयरलाइन के 45 अरब रुपया (124 मिलियन डॉलर) के घाटा भईल बा।

श्रीलंका के सोझा अभूतपूर्व आर्थिक संकट बा आ देश विदेशी कर्ज का मामिला में डिफॉल्टर बने में महज कुछ दिन बचल बा. विक्रम सिंह कहले कि, अयीसन ना होखे के चाही कि जवन लोग कबो हवाई जहाज में गोड़ तक नईखन रखले, उ लोग ए नुकसान के बोझ उठावल चाही।

विक्रेमसिंह के श्रीलंका के प्रधानमंत्री बनला के एक हफ्ता भी नइखे भइल। उ कहले कि उ आपन तनखाह देवे खाती नोट छपवावे प मजबूर हो गईले, जवना से देश के मुद्रा प जादे बोझ लागी। श्रीलंका में अबहीं एक दिन के पेट्रोल बाचल बा आ सरकार खुला बाजार में डॉलर जुटावे के कोशिश करत बिया जेहसे कि अब श्रीलंका के तट पर चहुँप गइल कच्चा तेल आ मट्टी तेल के तीन गो जहाज के भुगतान कइल जा सके.

विक्रेमेसिंह कहले कि, “अगिला कुछ महीना हमनी खाती सबसे मुश्किल होई। हमनी के तुरंत एगो राष्ट्रीय संसद चाहे एगो राजनीतिक निकाय बनावल जाए, जवना में सभ राजनीतिक दल शामिल होखे, जवन कि वर्तमान संकट के समाधान खाती होखे।”

प्रधानमंत्री विक्रेमसिंह राष्ट्रपति के “विकास बजट” के जगह एगो नाया “राहत बजट” के घोषणा कईले। श्रीलंका के सकल घरेलू उत्पाद में 2022 में 13% के घाटा होखे के उम्मीद बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]