[the_ad_group id="30365"]

Asia Cup 2023: पाकिस्तान में हो सकत बा एशिया कप, भारत के मुकाबलन खातिर खास प्लान, जानीं पूरा ममिला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

एशिया कप 2023 के मेजबानी पाकिस्तान के लगे रह सकत बा। एह इस्थिति में भारतीय टीम के मुकाबला कवनो तठस्त मैदान पs खेलल जा सकत बा। संभावना बा कि ई मैदान दुबई के होई। मीडिया रिपोर्ट के मोताबिक बहुत चरचा के बाद बीसीसीआई आ पीसीबी नया प्लान के संगे एह टूर्नामेंट के आयोजन करावे पs तइयार हो गइल बा। एह प्लान के अनुसार पाकिस्तान के एशिया कप के मेजबानी दिहल जाई, बाकिर भारत के मुकाबला पाकिस्तान के बजाय कवनो तठस्त देस में होई।

अब तक ई तय नइखे भइल कि भारत के मैच कवना मैदान पs होई, बाकिर संयुक्त अरब अमीरात, ओमान, श्रीलंका आ इंग्लैंड के एशिया कप में भारत के पांच मुकाबलन के मेजबानी मिल सकत बा। एमे भारत-पाकिस्तान के बीच होखे वाला कम से कम दु गो मुकाबलो सामिल बा।

भारत आ पाकिस्तान के एह साल सितंबर में होखे वाला छव देसन के एशिया कप में एके ग्रुप में रखल गइल बा। एह दुनु के के अलावे एगो क्वालीफायर टीम एह ग्रुप में होई। ओहिजा, दूसरका ग्रुप में श्रीलंका, बांग्लादेश आ अफगानिस्तान के टीम बा। एशिया कप 2023 में 13 दिन में कुल 13 मैच खेलल जाई। 2022 एशिया कप के प्रारूप के मोताबिक, हर समूह के शीर्ष दु टीम सुपर 4 में पहुंची आ इहां जीते वाला दु गो टीम फाइनल में भिड़ी। अइसन में भारत आ पाकिस्तान के बीच तीन मुकाबला हो सकत बा।

अंतिम निर्णय लेवे से पहिले एह टूर्नामेंट में भाग लेवे वाला सब देसन आ ब्रॉडकास्टर खातिर एगो कार्यक्रम आ यात्रा योजना बनावे खातिर संक्षिप्त विवरण के संगे एगो समिति बनावल गइल बा। पाकिस्तान के बाहर दोसर मैदान के निर्धारण करे में मौसम के महत्वपूर्ण भूमिका होखे के संभावना बा। हालांकि हाई-प्रोफाइल भारत-पाकिस्तान मैचन के मेजबानी खातिर एशियाई मेजबानन के बीच उत्सुकता होई। यूएई में सितंबर के सुरुआत में तापमान आमतौर पs 40 डिग्री सेंटीग्रेड के आसपास रहेला, बाकिर एकरा बावजूद उहां मैच होते रहल बा। 2021 आईपीएल उहां सितंबर के अंत में खेलल गइल रहे। ओमान के राजधानी मस्कट में तापमान कम रहेला आ ई 2021 टी20 विश्व कप के पहिला दौर के मेजबानी कइलस। इंग्लैंड के एह मैचन के मेजबानी मिलल मुश्किल बा। हालांकि, लंदन जइसन शहर में बड़ भीड़ के संभावना के चलते इंग्लैंड के एह मुकाबलन के मेजबानी दिहल जा सकत बा।

पाकिस्तान के बाहर एशिया कप के आयोजन के लेके एसीसी के सदस्य लोग कइयन गो बैठक कइल लो आ अब एह प्रस्ताव पs मुहर लाग सकत बा। बैठक के अध्यक्ष नजम सेठी रहस, जबकि बीसीसीआई टीम में एकर सचिव जय शाह आ आईपीएल गवर्निंग काउंसिल के अध्यक्ष अरुण धूमल सामिल रहलें।

भारत आ पाकिस्तान के बीच राजनैतिक संबंध ठीक ना होखला के चलते बीसीसीआई अपना खिलाड़ियन के उहां भेजे खातिर तइयार नइखे। बीसीसीआई सचिव जय शाह ई बात कहले रहस। एकरा बाद पाकिस्तान भारत में होखे वाला वनडे विश्व कप के बहिष्कार करे के चेतावनी देले रहे आ दुनो देसन के तरफ से बहुते बयानबाजी भइल रहे। अब एह ममिला के हल निकलत दिखाई दे रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]