Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

केएल राहुल बीच मैच में छोड़लें विकेटकीपिंग, जाये के पड़ल मैदान से बाहर

1,387

केएल राहुल एह समय भारतीय टीम में ऋषभ पंत के भूमिका निभा रहल बाड़ेंं। राहुल वनडे में टीम खातिर विकेटकीपर के भूमिका में बाड़ें। ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ खेलल जा रही तीन मैचन के वनडे सीरीज में ऊ ई जिम्मा उठवलें बाड़ें। एकरा पहिलहू ऊ ई काम कs चुकल बाड़ें काहेकि सीमित ओवरन में पंत के फॉर्म ठीक ना रहे एहिसे केएल राहुल के ई जिम्मेदारी सउपल गइल बा।

ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ एमए चिदंबरम स्टेडियम में खेलल जा रहल तीसरको मैच में ऊ इहे जिम्मेदारी निभावत रहलें बाकिर अचानके ऊ दस्ताना छोड़ देलें। राहुल वनडे में लगातार ई भूमिका निभावत आ रहल बाड़ें आ एह प्रारूप में ऊ पांचवां-छठवां नंबर पs खेल रहल बाड़ें। वनडे विश्व कप के लेके टीम इंडिया उनका के एही रोल में देख रहल बिया काहेकि पंत एह समय चोटिल बाड़ें आ लमहर समय तक क्रिकेट से दूर रहिहें। पंत के पिछला साल 30 दिसंबर के कार एक्सीडेंट हो गइल रहे।

इशान किशन संभरलें जिम्मेदारी

ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ खेलल जा रहल तीसरका वनडे मैच में ऑस्ट्रेलिया टॉस जीतके पहिले बल्लेबाजी करे के फैसला कइल गइल। केएल राहुल भारतीय टीम खातिर एक बेर फेर विकेटकीपिंग करत नजर अइलें। सब कुछ ठीक चलत रहे बाकिर 17वां ओवर में अचानक से राहुल विकेटकीपिंग छोड़ देलें। एतने ना ऊ मैदान से बाहरो चल गइलें। उनका जगह इशान किशन अब विकेटकीपिंग कर रहल बाड़ें। वनडे में अब सब्सीटिट्यूट विकेटीकपर के खिलावल जा सकत बा आ इशान किशन एही भूमिका में बाड़ें। राहुल काहे विकेटकीपिंग छोड़लें आ ऊ काहे मैदान से बाहर गइलें एकर कारण अभी तक सामने नइखे आइल। उनका चोट लागल बा कि उनकर तबीयत खराब भइल बा एकरा के लेके कवनो इस्थिति सामने नइखे आइल।

बल्लेबाजी पs संशय

अब सवाल ई बा कि का राहुल बल्लेबाजी करे अइहें। राहुल पहिला मैच में टीम के संकट से निकलले रहस आ जीत दिलवले रहलें। एह मैच में जदि राहुल बल्लेबाजी करे नइखन आवत तs भारत के परेसानी हो सकत बा। टीम इंडिया उम्मीद करी कि राहुल के बल्लेबाजी ना आवे आ ओकरा पहिलही उ मैच जीत जाव।

488490cookie-checkकेएल राहुल बीच मैच में छोड़लें विकेटकीपिंग, जाये के पड़ल मैदान से बाहर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.