WPL Final 2023 में मुंबई आ दिल्ली के बीच होई कांटेदार टक्कर, जानीं दुनो टीमन के संभावित प्लेइंग-11

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 26, 2023

WPL Final 2023 Predicted Playing XI, MI vs DC: महिला प्रीमियर लीग के पहिला सीजन के फाइनल मुकाबला 26 मार्च के मुंबई इंडियंस आ दिल्ली कैपिटल्स (Mumbai Indians vs Delhi Capitals) के बीच मुंबई के

Share

WPL Final 2023 Predicted Playing XI, MI vs DC: महिला प्रीमियर लीग के पहिला सीजन के फाइनल मुकाबला 26 मार्च के मुंबई इंडियंस आ दिल्ली कैपिटल्स (Mumbai Indians vs Delhi Capitals) के बीच मुंबई के ब्रेबोर्न स्टेडियम में खेलल जाई। एह खिताबी मुकाबला में मुंबई इंडियंस आ दिल्ली कैपिटल्स के बीच खिताबी मुकाबला देखे के मिली।

बता दीं कि मेग लैनिंग के अगुवाई वाली दिल्ली कैपिटल्स WPL के पहिला सीजन में अंक तालिका में शीर्ष स्थान पs मवजूद बिया। टीम आठ में से 6 मैच जीतले बिया। एह तरे, दिल्ली कैपिटल्स अंक तालिका में शीर्ष पs होखला के संगही सीधे फाइनल में प्रवेश कइलस। ऐसे में इस आर्टिकल के जरिए जानते हैं दोनों टीमों की संभावित प्लेइंग-11।

WPL Final 2023: जानीं फाइनल मैच खातिर मुंबई इंडियंस के संभावित प्लेइंग-11

मुंबई इंडियंस के तरफ से फाइनल मैच (WPL Final 2023) में सलामी बल्लेबाज के तौर पs यास्तिका भाटिया आ हैली मैथ्यूज के जोड़ी पारी के आगाज करी। एकरा बाद नंबर 3 पs नेट सीवर बल्लेबाजी करत नजर अइहें। चउथा नंबर पs कप्तान हरमनप्रीत कौर बल्लेबाजी करिहें।

फाइनल मैच में हरमन के बल्ला से एगो बड़ पारी देखे के मिल सकत बा। नंबर 6 पs अमेलिया केर आ नंबर 7 पs पूजा वस्त्राकर ऑलराउंडर आ मैच फिनिशर के भूमिका निभाई लो। एकरा अलावे गेंदबाजी सेक्शन में इसी वोंग, अमनजोत कौर, हुमाईरा काजी आ जीर्तीमानी कलिता नजर आई लो।

मुंबई इंडियंस- यास्तिका भाटिया (विकेट कीपर), हैली मेथ्यूज़, नैट सीवर, हरमनप्रीत कौर (कप्तान), अमेलिया केर, पूजा वस्त्राकार, इसी वोंग, अमनजोत कौर, हुमाईरा काजी, जीर्तीमानी कलिता, साइका इशाक।

WPL Final 2023: अइसन हो सकत बा दिल्ली कैपिटल्स के संभावित प्लेइंग-11

ओहिजा, दिल्ली कैपिटल्स के तरफ से पारी के आगाज कप्तान मेग लैनिंग आ शेफाली वर्मा करत नजर आई लो। नंबर 3 पs ऐलिस कैप्सी बल्लेबाजी करत नजर अइहें। नंबर 4 पs जेमिमा रोड्रिग्ज तs नंबर 5 पs मरिज़नने कप्प बल्लेबाजी करत लउकिहे। ऑलराउंडर जेस जोनासन आ अरुंधति रेड्डी मैच फिनिशर के भूमिका निभाई लो।

दिल्ली कैपिटल्स- मैग लैनिंग (कप्तान), शेफाली वर्मा, ऐलिस कैप्सी, जेमिमा रोड्रिग्ज, मरीजनने कप्प, जेस जोनासन, अरुंधति रेड्डी, तान्या भाटिया (विकेट कीपर), राधा यादव, शिखा पांडेय, पूनम यादव।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.