[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur: कांग्रेस के झंडा में निकलल आशुतोष के अंतिम यात्रा, नम आंखन से दिहल गइल विदाई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कांग्रेस के महानगर अध्यक्ष आ शिक्षणेतर कर्मचारी संघ के प्रदेश अध्यक्ष आशुतोष तिवारी के अंतिम संस्कार बुध के गोला मुक्तिधाम में कइल गइल। कांग्रेस के झंडा में लिपटल अर्थी के जिलाध्यक्ष निर्मला पासवान समेत कइयन कांग्रेस नेता आ बड़ संख्या में पहुंचल लोग कंधा दिहल। ननिहाल ककरही गांव में शव के अंतिम दर्शन खातिर रखल गइल रहे।

बदरा तिवारी गांव निवासी आशुतोष तिवारी के ननिहाल गोला क्षेत्र के ककरही गांव में हs। इहवें पs उनकर बचपन गुजरल बा। हादसा में आशुतोष के मौत के बाद से ननिहाल में मातम छाइल बा। बुध के सबेरे साढ़े आठ बजे मुक्तिधाम जाये से पहिले शव यात्रा ननिहाल ककहरी पहुंचलतs पूरा गांव बिलख पड़ल। गांव के दुलारा भांजा के शव देखके महिला-पुरुष सभे बिलख पड़ल।

मामा विनय शुक्ल, सुधीर शुक्ल, पूर्व जिला पंचायत सदस्य सरोज रंजन शुक्ल, अजय कुमार शुक्ल, शुभम मणि त्रिपाठी, देवेश शुक्ल आदि के परिवार के महिला लोग कुछ दूर तक विदाई देवे आइल रहे लो। जिला अध्यक्ष कांग्रेस निर्मला पासवान सहित कइयन कांग्रेस पदाधिकारी अर्थी के कंधा दिहल। मुक्तिधाम में भतीजा तनीश तिवारी ने मुखाग्नि देलें।

कांग्रेस के प्रदेश उपाध्यक्ष विश्व विजय सिंह, प्रदेश सचिव त्रिभुअन नारायण मिश्रा, सुबाषचंद दास, महेंद्रनाथ मिश्रा, भाई करुणेश, पूर्व जिला उपाध्यक्ष राजेश यादव, तौकीर आलम, सुनील तिवारी, जितेंद्र पांडेय, विक्रमादित्य, डॉ. वीएस सिंह, धनंजय सिंह, गणेश मिश्रा, विपिन मिश्रा, अवधेश मणि त्रिपाठी, अनुराग पांडेय, श्रवण कुमार यादव, गया प्रसाद सहित तमाम लोग अंतिम यात्रा में सामिल भइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]