[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर के असुरन-पिपराइच फोरलेन पs कम टूटिहें सs मकान-दुकान.. अब खाली 20.5 मीटर चौड़ा बनी सड़क

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। असुरन-पिपराइच फोरलेन के चौड़ाई सात मीटर कम होई। अब ई सड़क करीब 20.50 मीटर चौड़ा बनी। सीएम योगी बेयपारियन से मुलाकात के बाद सड़क के चौड़ाई कम करे के निरदेस देले बाड़ें।

अब सड़क के दुनो किनारे डेढ़ मीटर के इंटरलॉकिंग ना बनी आ डिवाइडरो पातर होई। करीब 19 किमी लमहर एह सड़क के फेर से सर्वे कइल जाई आ एकरा बाद नया सिरा से तोड़फोड़ वाला हिस्सन पs लाल निशान लगावल जाई। एसे करीब 1500 से जादे दुकान आ मकान टूटला से बच जाई।

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ बुध के सबेरे पहिले अधिकारियन के संगे असुरन-पिपराइच फोरलेन के चौड़ाई के जानकारी लेलें। एकरा बाद गोरखनाथ मंदिर में एमएलसी डॉ. धर्मेंद्र सिंह के संगे आइल बेयपारियन के बुलाके बात कइलें आ ओह लोगन के समस्या सुनलें। ऊ लोग बतावल कि जदि सड़क के चौड़ाई कम कs दिहल जाव तs बहुत सारा दुकान आ मकान टूटला से बच जाई। दुकाने ओह लोगन के आजीविका के साधन बा।

ओह लोगन के बात सुनला के बाद सीएम योगी निरदेस देलें कि फोरलेन के चौड़ाई 7-7 मीटर के कैरेज-वे, आधा मीटर के डिवाइडर आ अधिकतम 2-2 मीटर के डक्ट, यूटिलिटी बनावल जा सकत बा। रोड खातिर इस 18 से 20 मीटर के जरूरत बा। एकरा अलावे अतिरिक्त कवनो तरे के भूमि अधिग्रहण के जरूरत ना पड़ी। ऊ कहलें कि एकरा बावजूद जदि केहू के दुकान भा सड़क के जद में आवता बा तs जीडीए आ नगर निगम के जिम्मेदारी होई कि ओकरा के उहवें अगल-बगल में कांप्लेक्स बनाके दुकान उपलब्ध करावल जाव। एकरा खातिर जल्दिये जमीन के बेवस्था कइल जाई।

सीएम कहलें कि एकरा पहिले असुरन चौराहा पs तुड़ल गइल करीब 56 दुकानन के कांप्लेक्स बन गइला के बाद ओमे जगह दिहल जाई। तब तक खातिर ओह लोगन ला नगर निगम आ जीडीए अस्थायी बेवस्था करी।

एह दौरान डीएम कृष्ण करुणेश, नगर आयुक्त गौरव सिंह सोगरवाल आ पीडब्ल्यूडी के मुख्य अभियंता एके सिंह, पार्षद प्रतिनिधि मंतालाल यादव, ओमकार सिंह, अवधेश गुप्ता, राजेश श्रीवास्तव, आयुष सेंगर, प्रमोद मद्धेशिया, युवराज सिंह, दयानंद शर्मा, कन्हैया लाल वैश्य, सुनील गुप्ता, भाजपा के मंडल अध्यक्ष आनंद अग्रहरि आदि मवजूद रहल लो।

नगर निगम के 276 दुकान ना टूटी 

पीडब्ल्यूडी के डीपीआर के अनुसार, फोरलेन के चौड़ाई 27.79 मीटर प्रस्तावित रहे। एकरा जद में नगर निगम के 276 दुकान आवत रही सs, जवना के अब बचावल जा सकी।

जिलाधिकारी कृष्णा करुणेश बतवलें कि मुख्यमंत्री के निरदेस पs असुरन-पिपराइच फोरलेन के चौड़ाई कम कs के 20.5 मीटर कइल जाई। अब 9-9 मीटर के जगह 7-7 मीटर चौड़ा सड़क एक तरफ के होई। इंटरलॉकिंग ना बनी आ डिवाइडर पातर होई।एसे बहुत सारा लोगन के मकान-दुकान के तुड़े के जरूरत ना पड़ी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]