[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur: एमएमएमयूटी के नवीन कृष्ण राय बाल कल्याण समिति के सदस्य नामित

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। मदन मोहन मालवीय प्रौद्योगिकी विश्वविद्यालय (एमएमएमयूटी) गोरखपुर के पूर्व छात्र नवीन कृष्ण राय के बस्ती जिला के जिला बाल कल्याण आ संरक्षण समिति के सदस्य नामित कइल गइल बा।

गौर करे वाला बात बा कि महिला आ बाल विकास मंत्रालय, भारत सरकार के गाइडलाइन के अनुसार मिशन वात्सल्य योजना के सुचारू आ सुगम क्रियान्वयन खातिर ई समिति जिलाधिकारी के अध्यक्षता में काम करेले। एह समिति के मजबूती प्रदान करे के उद्देश्य से मैनेजमेंट विषय के विशेषज्ञ नवीन कृष्णा राय के एकर विशेष आमंत्रित सदस्य के तौर पs नामित कइल गइल बा।

रउआ के बतावत चलीं कि नवीन वर्तमान में आईआईएम इंदौर में मैनेजर के पद पs कार्यरत बाड़ें। उनका के न्यायिक, प्रशासनिक आ पुलिस ट्रेनिंग एकेडमी में ट्रेनिंग सेशन लेवे खातिर आमंत्रित कइल जात रहल बा। ऊ लाइफ मैनेजमेंट, सेल्फ मैनेजमेंट, पीपुल मैनेजमेंट, डिसीजन मेकिंग आदि विषयन पs ट्रेनिंग प्रदान करेलें।

एकरा अलावे ऊ कइयन प्रदेशन के अलग-अलग सरकारी समितियन में सलाहकार के तौर पs सामिल बाड़ें। ओह समितियन में ऊ बाल कल्याण, सामाजिक न्याय, शहरी विकास, औद्योगिक विकास, पुलिस ट्रेनिंग, ई-गवर्नेंस आ स्टार्ट-अप से संबंधित विषयन पs आपन सलाह प्रदान करेलें।

साभार: अमर उजाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]