[the_ad_group id="30365"]

चिलचिलाती गरमी खातिर रहीं तइयार: बंगाल-बिहार समेत एह राज्यन में लू के अलर्ट; मौसम विभाग जारी के चेतावनी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मौसम विज्ञान विभाग (आईएमडी) बियफे के गरमी आ लू के लेके अलर्ट जारी कइलस। मौसम विभाग बतवलस कि गंगीय पश्चिम बंगाल, ओडिशा, आंध्र प्रदेश आ बिहार के कुछ हिस्सन में अगिला तीन से चार दिनन में लू के इस्थिति बनल रह सकत बा।  एह महीना के सुरुआत में मौसम विभाग उत्तर पश्चिम आ प्रायद्वीपीय क्षेत्रन के छोड़के अप्रिल से जून तक देस के अधिकांश हिस्सन में अधिकतम तापमान सामान्य से बेसी रहे के अनुमान जतवले रहे।

मध्य, पूर्व आ उत्तर-पश्चिम भारत के अधिकांश हिस्सन में लू के आशंका

आईएमडी के मोताबिक, एह अवधि के दौरान मध्य, पूर्व आ उत्तर-पश्चिम भारत के अधिकांश हिस्सन में सामान्य से बेसी लू के दिनन के उम्मीद बा। गंगीय पश्चिम बंगाल के अलग-अलग हिस्सन में सोमार (17 अप्रिल), उत्तर तटीय आंध्र प्रदेश आ ओडिशा में सनीचर (15 अप्रिल) तक आ बिहार में 15 अप्रिल से 17 अप्रिल तक लू चलला के आसार बा। मध्य आ उत्तरी प्रायद्वीपीय भारत में अधिकतम तापमान वर्तमान में 40 से 42 डिग्री सेल्सियस के बीच चल रहल बा।

कइयन हिस्सन में अधिकतम तापमान सामान्य से तीन से पांच डिग्री जादा 

मौसम विभाग कहलस कि पश्चिमी हिमालयी क्षेत्र आ पूर्वोत्तर भारत, पश्चिम बंगाल, सिक्किम, ओडिशा, तटीय आंध्र प्रदेश आ केरल के कइयन हिस्सन में अधिकतम तापमान सामान्य से तीन से पांच डिग्री जादा बा। आईएमडी एगो विस्तारित अवधि के पूर्वानुमान में कहलस कि 20 अप्रिल से 26 अप्रिल के बीच कुछ दिनन में बिहार, पश्चिम बंगाल, ओडिशा आ आंध्र प्रदेश के कुछ हिस्सन में लू चलला के संभावना बा।

1901 के बाद फरवरी 2023 सबसे गरम महीना

लू के घोषणा तब कइल जाला जब कवनो स्टेशन के अधिकतम तापमान मैदानी इलाकन में कम से कम 40 डिग्री सेल्सियस, तटीय क्षेत्रन में कम से कम 37 डिग्री आ पहाड़ी क्षेत्रन में कम से कम 30 डिग्री तक पहुंच जाला। भारत में 1901 के बाद से फरवरी 2023 सबसे गरम महीना रहल। हालांकि, मार्च में सामान्य से बेसी बरखा तापमान के नियंत्रण में रखलस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]