[the_ad_group id="30365"]

होर्डिंग हादसा के मुख्य आरोपी अरशद खान लखनऊ से गिरफ्तार, 7 महीना से रहे फरार

होर्डिंग हादसा
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

घाटकोपर होर्डिंग के घटना में मुंबई पुलिस उत्तर प्रदेश के राजधानी लखनऊ से मुख्य आरोपी अरशद खान के गिरफ्तार कs लेले बिया। एs मामला में आपन बयान दर्ज करावे खातीर बोलावल गईला के बाद पछिला सात महीना से प्रमुख व्यापारी अरशद खान फरार रहले। 

13 मई के घाटकोपर पूर्व में आंधी के चलते एगो विज्ञापन होर्डिंग गिर गईल रहे। एह हादसा में 17 लोगन के मउत हो गइल आ 84 लोग घवाहिल हो गइल बा. सरकारी रेल पुलिस (जीआरपी) के जमीन पs अवैध तरीका से इs होर्डिंग लगावल गईल। मामला के जांच के दौरान पुलिस के पता चलल कि ईगो मीडिया कंपनी अरशद खान के जानल-पहचानल लोग के बैंक खाता में 82 लाख रुपया भेजले बिया। 

अरशद खान आईपीएस अधिकारी कैसर खालिद के पत्नी के बिजनेस एसोसिएट हउवें. कैसर खालिद पs रेलवे के जमीन पs होर्डिंग लगावे के मंजूरी देवे के आरोप बा। ओह घरी खालिद सरकारी रेल पुलिस के आयुक्त रहले. काम में लापरवाही के चलते उनुका के निलंबित कs दिहल गईल। अधिकारी बतवले कि अरशद खान आपन शुरुआती बयान दर्ज कईला के बाद एसआईटी के सोझा हाजिर ना भईले। पछिला कुछ महीना से पुलिस उनुका के खोजत रहे, उs बार-बार आपन लोकेशन बदलत रहे.

पुलिस के कहना बा कि रविवार के अरशद खान के लखनऊ से गिरफ्तार कर लिहल गइल. अधिकारी बतवले कि ईगो मीडिया प्राइवेट लिमिटेड के ओर से अलग-अलग खाता में 22 लेनदेन भईल। ई होर्डिंग ईगो मीडिया प्राइवेट लिमिटेड के ओर से लगावल गईल बा। अधिकारियन के दावा बा कि एहमें से अधिकतर लेनदेन तब भइल जब कैसर खालिद जीआरपी आयुक्त रहले. आगे बतावल जाता कि 16 बैंक खाता में 82 लाख रुपया भेजल गईल। पूछताछ के दौरान खालिद अफसरन के बतवले रहे कि उs अरशद खान के जानत बाड़े। पुलिस मामला के छानबीन में जुटल बिया .

इहो पढ़ीं:सबेरे-सबेरे: सरीर के फिट राखे खातीर रोज करीं इs 3 गो योगासन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]