[the_ad_group id="30365"]

New year 2025: नया साल के पहिलका दिन दुनिया के आबादी भी बनाई रिकॉर्ड

नया साल के पहिलका दिन दुनिया के आबादी
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

साल 2024 में दुनिया के आबादी में 7.10 करोड़ के बढ़ोतरी होई अवुरी नयका साल के पहिला दिन जनसंख्या के आंकड़ा 809 करोड़ हो जाई। सोमार के दिने अमेरिकी जनगणना ब्यूरो के ओर से जारी अनुमान के मुताबिक, 2024 में जनसंख्या में 0.9 प्रतिशत के बढ़ोतरी 2023 में भईल 7.50 करोड़ के बढ़ोतरी से तनिका कम बा।

एह साल जनम-मृत्यु दर कतना होई?  

अनुमान के मोताबिक जनवरी 2025 में दुनिया भर में प्रति सेकंड 4.2 जनम आ 2.0 मौत होखे के संभावना बा। साल 2024 में अमेरिका के जनसंख्या में 26 लाख के बढ़ोतरी होई अवुरी नयका साल के पहिला दिन अमेरिका के आबादी 34.1 करोड़ होई।

जनवरी 2025 ले अमेरिका में हर नौ सेकंड में एक बच्चा अवुरी हर 9.4 सेकंड में एक मौत होई। एकरा साथे-साथे अंतरराष्ट्रीय प्रवासियन लोग के चलते अमेरिका के आबादी में हर 23.2 सेकंड में एक आदमी के बढ़ोतरी होई। जदी जन्म, मौत अवुरी प्रवासियन के संख्या के मिला के देखल जाए तs हर 21.2 सेकंड में एक आदमी के अमेरिका के आबादी में जोड़ल जाई।

2020 के दशक में अबतक ले अमेरिका के आबादी में लगभग 97 लाख के बढ़वती भइल बा आ एकर बढ़ती दर 2.9 प्रतिशत बा। जबकि 2010 के दशक में ई बढ़ती 7.4 प्रतिशत रहल जवन 1930 के बाद के सभसे कम रहल।

इहो पढ़ीं:अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के ‘ अपने दौर के underrated एक्ट्रेस रहली ‘राखी गुलजार’

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]