[the_ad_group id="30365"]

जेपी यूनिवर्सिटी में स्नातक कोर्स खातिर आवेदन सुरू: 29 जून तक कs सकत बा आवेदन, 1 जुलाई के जारी होई दूसरका मेधा सूची

JPU में रिसर्च के गुणवत्ता बढ़ावे खातिर प्लेगरिज्म सॉफ्टवेयर से होई जांच, पीजी कोर्स में 20% बदलाव
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जेपी यूनिवर्सिटी में चार वर्षीय स्नातक खातिर खाली सीटन के भरे खातिर ऑनलाइन आवेदन प्रक्रिया फेर से सुरू कs दिहल गइल बा। सीबीसीएस पैटर्न पs आधारित एह स्नातक कोर्स खातिर पहिलहू ऑनलाइन आवेदन लिहल गइल रहे आ एकरा बाद मेधा सूची जारी कइल गइल बा।

बावजूद एकरा, बहुते सीट खाली रह गइल रहे।  विश्वविद्यालय फेर से ऑनलाइन आवेदन सुरू कइल गइल बा। 29 जून तक दोबारा से ऑनलाइन आवेदन लिहल जाई। नया ऑनलाइन आवेदन प्रक्रिया के अंतर्गत, एक जुलाई के दूसरका मेधा सूची जारी कइल जाई।

एकरा अलावे, पहिलका मेधा सूची में जवना छात्रन के ओकनी के पसंद के कॉलेज नइखे मिलल, ऊ फेर से आवेदन कs सकत बा लो। आवेदन करे खातिर 300 रुपिया के शुल्क निर्धारित कइल गइल बा। छात्रन के सलाह दिहल गइल बा कि ऊ लोग समय पs आवेदन प्रक्रिया के पूरा करे लो।

ऑनलाइन आवेदन सुरू

छात्र कल्याण प्रभारी, प्रोफेसर हरिश्चंद्र जानकारी देलें कि विश्वविद्यालय के कुलपति के निरदेस पs आवेदन के तिथि में विस्तार कइल गइल बा। एसे छात्रन के एगो आउर मवका मिली। अपना पसंद के कॉलेज में दाखिला लेवे खातिर इच्छुक छात्र www.jpv.ac.in पs जाके ऑनलाइन आवेदन कs सकत बा।

ऊ आगे कहलें की छात्रन आ ओह लोगन के अभिभावकन के सलाह दिहल जात बा कि ऊ समय रहते आवेदन प्रक्रिया पूरा कs लेवे लो ताकि कवनो तरे के असुविधा से बचल जा सके।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]