[the_ad_group id="30365"]

27 जून: भारतीय वायुसेना के मार्शल मानेकशॉ के निधन,जानी आज के दिन के इतिहास

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

साल 1964 में 27 जून के ई तय भइल कि दिल्ली में स्थित तीन मूर्ति भवन में भारत के पहिला प्रधानमंत्री जवाहरलाल नेहरू के संग्रहालय बनावल जाई। असल में नेहरू के आवास एही तीन मूर्ति भवन में रहे। इनके निधन के बाद एकरा के इनके याद में संग्रहालय में बदल दिहल गइल। उनका जिनगी के झलक आजो एहिजा उनका फोटो में देखल जा सकेला । छत वाला गुलाब के बगीचा आ दूरबीन इहाँ के मुख्य आकर्षण बा। नेहरू जी अपना शेरवानी के सजावे खातिर एह गुलाब के बगइचा से गुलाब तोड़त रहले । एकरा अलावे 27 जून 1957 के ब्रिटेन के मेडिकल रिसर्च काउंसिल 25 साल के शोध के आधार पs एगो रिपोर्ट जारी कइलस, जवना में कहल गइल कि धूम्रपान से फेफड़ा के कैंसर हो सकता। देश आ दुनिया के इतिहास में 27 जून के तारीख के दर्ज अउरी बड़हन घटना के क्रमिक विवरण निम्नलिखित बा…

 

  •  1693 : लंदन में पहिला महिला पत्रिका ‘लेडीज मर्करी’ के प्रकाशन शुरू भइल।
  •  1838 : राष्ट्रगान के लेखक बंकिम चंद्र चट्टोपाध्याय के जनम।
  •  1867 : बैंक ऑफ कैलिफोर्निया के कामकाज शुरू भइल ।
  •  1893 : सिख साम्राज्य के संस्थापक पंजाब के महाराज रंजीत सिंह के निधन।
  •  1914 : अमेरिका इथियोपिया के साथे व्यापार संधि पर हस्ताक्षर कइलस।
  • 1940 : सोवियत सैनिक रोमानिया पर हमला कइले ।
  •  1957 : ब्रिटेन के मेडिकल रिसर्च काउंसिल के एगो रिपोर्ट में कहल गइल कि धूम्रपान से फेफड़ा के कैंसर हो सकेला ।
  •  1967 : लंदन के एनफील्ड में दुनिया के पहिला एटीएम लगावल गइल।
  •  1967 : भारत में बनल पहिला यात्री विमान एचएस 748 के इंडियन एयरलाइंस के सौंपल गइल।
  •  1991 : स्लोवेनिया के आजादी के 48 घंटा के भीतर युगोस्लाविया के सेना एह छोटहन देश पर हमला कइलस ।
  •  2002 : जी-8 देश परमाणु हथियार के नष्ट करे के रूस के योजना पर सहमत भइले ।
  •  2003 : अमेरिका में समलैंगिकता पर रोक रद्द कर दिहल गइल।
  •  2005 : ब्रिटेन संयुक्त राष्ट्र सुरक्षा परिषद में भारत के वीटो मुक्त स्थायी सदस्यता के समर्थन कइलस।
  •  2008 : माइक्रोसॉफ्ट कॉर्पोरेशन के अध्यक्ष बिल गेट्स अपना पद से इस्तीफा दे दिहलें।
  •  2008 : भारत आ पाकिस्तान ईरानी गैस पाइपलाइन परियोजना शुरू करे में आइल बाधा के दूर कइल।
  •  2008 : 1971 के युद्ध में पाकिस्तान के खिलाफ भारतीय सेना के जीत में अहम भूमिका निभावे वाला पूर्व सेना प्रमुख सैम मानेक्शॉ के निधन।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]