[the_ad_group id="30365"]

पूर्व सांसद आ बाहुबली धनंजय सिंह के हाईकोर्ट से मिलल जमानत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

इलाहाबाद हाईकोर्ट पूर्व सांसद अवुरी बाहुबली धनंजय सिंह के बहुत राहत देले बा। (धनंजय सिंह) शनिचर 27 अप्रैल के जेल में बंद बाहुबली के मामिला के सुनवाई करत न्यायमूर्ति संजय कुमार सिंह के पीठ पूर्व सांसद धनंजय सिंह के जमानत दे देले बिया। हालांकि कोर्ट उनुका के सात साल के सजा के बरकरार रखले बिया, जवना के चलते उs फिलहाल चुनाव ना लड़ पईहे।

एकरा संगे इलाहाबाद हाईकोर्ट जौनपुर के पूर्व सांसद धनंजय सिंह के सजा रद्द करे के मांग के भी खारिज कs देले बिया। अयीसना में मानल जाता कि अब उs सुप्रीम कोर्ट के दरवाजा खटखटा सकतारे।

बता दीं कि जौनपुर जिला अदालत के जज शरद चंद्र त्रिपाठी अपहरण आ रंगदारी के मामिला में धनंजय सिंह के सात साल के सजा सुनवले रहले। वादी अभिनव सिंघल 10 मई 2020 के जिला के लाइन बाजार थाना में सिंह समेत दु लोग के खिलाफ अपहरण अवुरी रंगदारी के मामिला में प्राथमिकी दर्ज करवले रहले। धनंजय सिंह पछिला 6 मार्च से जौनपुर जिला जेल में बंद रहले।

दरअसल जौनपुर के सांसद विधायक अदालत नमामि गंगे प्रोजेक्ट मैनेजर अभिनव सिंघल के अपहरण अवुरी रंगदारी के मामिला में धनंजय सिंह के 7 साल के जेल के सजा सुनवले रहे। उ ट्रायल कोर्ट के फैसला के चुनौती देके इलाहाबाद हाईकोर्ट में एकरा खिलाफ अपील दायर कईले रहले। एह मामिला के सुनवाई हाईकोर्ट में भइल। ए दौरान धनंजय के वकील कहले रहले कि धनंजय सिंह राजनीतिक साजिश के शिकार भईल बाड़े, उनुका के राजनीति में फंसावल गईल बा।

आपन मेहरारू खातिर प्रचार करीहें

उ सीधा चुनाव ना लड़ पईहे, बाकिर जौनपुर में धनंजय सिंह अपना पत्नी खातीर प्रचार करत जरूर देखाई दिहे। बता दीं कि जौनपुर के सांसद विधायक कोर्ट से धनंजय सिंह के सजा मिलला के बाद उनुकर पत्नी श्रीकला रेड्डी बसपा के टिकट पs चुनाव लड़त बाड़ी। अब जब धनंजय सिंह के हाईकोर्ट से जमानत मिल गइल बा तs जौनपुर में प्रचार करत लउकीहें।

सीधा कहल जा सकेला कि जौनपुर के लड़ाई बहुते रोचक हो गइल बा। बीजेपी जौनपुर से कृपा शंकर सिंह आ एसपी गठबंधन से बाबू सिंह कुशवाहा के मैदान में उतरले बिया जबकि धनंजय सिंह के पत्नी बीएसपी के टिकट पs मैदान में बाड़ी.

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]