[the_ad_group id="30365"]

जांता में अनाज पीसत राबड़ी देवी के Video वायरल, बहू राजश्री के दिहली ट्रेनिंग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

बिहार के पूर्व मुख्यमंत्री राबड़ी देवी के एगो वीडियो सोशल मीडिया पs वायरल हो रहल बा। जवना में ऊ जांता में अनाज पीसत बाड़ी। तेजस्वी यादव के पत्नी राजश्री यादव भी राबड़ी देवी के संगे देखाई देतारे।

पतोह राबड़ी देवी के साथ देली

वीडियो के शुरुआत में रउआ देख सकेनी कि राबड़ी देवी अपना घर में बईठ के एगो जांत में अनाज डाल के पीसत बाड़ी। एकरा बाद उनुकर पतोह राजश्री जांत पs हाथ आजमावत बाड़ी। राबड़ी देवी आ उनकर पतोह राजश्री देवी के मिल के अनाज पीसत 24 सेकंड के ईs वीडियो सोशल मीडिया पs वायरल हो रहल बा। वीडियो के खूब देखल जा रहल बा आ शेयर कइल जा रहल बा।

जांता राजश्री खातिर अजूबा से कम नइखे

बता दीं कि राबड़ी देवी ग्रामीण परिवेश के हई। जांता आ आ अनाज के पीसल उनकरा खातिर कवनो नया बात नइखे। बाकिर, राबड़ी देवी के पतोह राजश्री यादव बड़ शहर के हई, मेट्रो शहर में पलल बढ़ल बाड़ी। अयीसना में उनुका शायदे पता होई कि जांता का ह? ई जांता उनकरा खातिर एकदम नया बात बा। तबो उs सास राबड़ी देवी के संगे खूबसूरती से अनाज पीसत बाड़ी।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]