[the_ad_group id="30365"]

Lok Sabha Election: ‘हिम्मत बा तऽ वाराणसी से चुनाव लड़स राहुल गांधी’, पीयूष गोयल कांग्रेस नेता के देले बड़ चुनौती

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Lok Sabha Election: केंद्रीय मंत्री आ भाजपा नेता पीयूष गोयल कांग्रेस नेता राहुल गांधी के चुनौती देले। पीयूष गोयल कहले जदि राहुल गांधी उत्तर मुंबई सीट से चुनाव लड़ल चाहत बाड़े तऽ हम खुला दिल से उनकर स्वागत करत बानी। उऽ चुनाव लड़ल चाहत बाड़े तऽ उऽ अमेठी से चुनाव लड़ सकत बाड़े आ जदि उनका में हिम्मत बा तऽ उनका वाराणसी से चुनाव लड़े के चाही। उनका 4-5 सीटन से चुनाव लड़े के चाही।

लोकसभा चुनाव के बीच केंद्रीय मंत्री आ भाजपा नेता पीयूष गोयल कांग्रेस नेता राहुल गांधी के चुनौती देले। शनिचर के मुंबई के दहिसर वेस्ट में एगो प्रेस कॉन्फ्रेंस के दौरान पीयूष गोयल राहुल गांधी के अमेठी, मुंबई आ वाराणसी से चुनाव लड़े के चुनौती देले। बता दी की भाजपा पीयूष गोयल के उत्तर मुंबई लोकसभा क्षेत्र से चुनावी मैदान में उतरल बाड़े।

4-5 सीटन से चुनाव लड़े के चाही’

पीयूष गोयल कहले , ‘ जदि राहुल गांधी उत्तर मुंबई सीट से चुनाव लड़े के चाहऽ ताड़े तऽ हम खुला दिल से उनकर स्वागत करऽ तानी। जदि उऽ चुनाव लड़े के चाहऽ ताड़े उऽ अमेठी से चुनाव लड़ सकत बाड़न आ जदि उनका में हिम्मत बा तऽ उनका वाराणसी से चुनाव लड़े के चाही। उनका 4-5 सीटन से चुनाव लड़े के चाही काहेकि उऽ वायनाड में हार रहल बाड़न आ स्मृति ईरानी उनका के अमेठी में बुरा तरीका से हरइहें’

राहुल गांधी श्री राम के अस्तित्व के नकरले

पीयूष गोयल आगे कहले कि ‘ जदि उऽ (राहुल गांधी) अयोध्या जाए के चाहऽ ताड़े तऽ जास, ई अलग बात बा कि उऽ श्री राम के अस्तित्व के नकार देले रहले आ रामसेतु के नष्ट करे के योजना बनवले रहले। उनका उहाँ जाए के चाही आउर जवन कुछ उनकर नेता लो कहले बा  ओकरा खातिर माफी माँगे के चाही।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]