[the_ad_group id="30365"]

घन कोहरा के चपेट में प्रदेश, पूर्वी अउर पश्चिमी यूपी खातिर अलर्ट जारी, बारिश के भी बन रहल आसार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पूरा प्रदेश एह वक्त घन कोहरा के चपेट में बा। दूसरे तरफ नश्तर के तरह चुभत बर्फीली हवा हाड़ कंपा रहल बा। कोहरा अउर बेयार मिल के धूप के बेअसर कs दिहलस अउर दिन के पारे के एकदम से गिरावल शुरू कs दिहलस। दिन के तापमान सामान्य से नौ डिग्री तक नीचे चल गइले से बरेली सबसे ठंडा रहल।

अतवार के इहां अधिकतम तापमान 11.0 डिग्री दर्ज भइल, जबकि न्यूनतम पारा 8.6 डिग्री रहा। मौसम विज्ञानियन के मानल जाव त फिलहाल अइसही हालात रहे वाला बा। 19 अउर 20 जनवरी के पानी बरसले के भी संकेत मिल रहल बा। उहवें आंचलिक मौसम विज्ञान केन्द्र पूर्वी अउर पश्चिमी उत्तर प्रदेश खातिर येलो अउर ऑरेंज अलर्ट जारी कइले बा। पूरे प्रदेश में कहीं ढ़ेर घन कोहरा रहले अउर कोल्ड डे के आसार बा।

मौसम बुलेटिन के मुताबिक, लखनऊ में अधिकतम पारा 15.3 अउर न्यूनतम पारा 6.2 डिग्री दर्ज भइल। उहवें बरेली के बाद जौने जिला में तापमान सबसे कम रहल, ओमें हरदोई में अधिकतम पारा 12 डिग्री रहल, एहमें 7.5 डिग्री के कमी रहल,जबकि न्यूनतम पारा 9.5 डिग्री दर्ज भइल। लखीमपुर खीरी में रात त 10.1 डिग्री सेल्सियस के संगे तनी मनी राहत वाला रहल, लेकिन दिन के तापमान इहां भी 12 रहल जौन सामान्य से 8.9 डिग्री कम रहल।

प्रदेश के ज्यादातर जिला में दिन के तापमान 19 डिग्री के लांघ नाइ पवलस अउर 20 से कम बनल रहले से हाड़ कंपावे वाला ठंड जइसन हालात बनल रहे। उहवे रात के पारा 3 डिग्री से ले के 11.2 डिग्री के बीच रहल। फुरसतगंज में न्यूनतम तापमान 3 डिग्री रहल। आगरा, मेरठ, मुजफ्फरनगर, हमीरपुर, अयोध्या, सुल्तानपुर, इटावा, कानपुर सिटी में रात के तापमान 6 डिग्री से कम रहल।

एह जिला में सक्रिय होई कोल्ड डे कंडीशन

जालौन, हमीरपुर, महोबा, झांसी, ललितुर, आगरा, फिरोजाबाद, मैनपुरी, इटावा, औरैया, मुरादाबाद, मेरठ, गाजियाबाद, बागपत, मुजफ्फरनगर, शामली, सहारनपुर, बिजनौर, अमरोहा, श्रावस्ती, बहराइच, खीरी, बांदा, चित्रकूट, फतेहपुर, जौनपुर, मथुरा, बलरामपुर, सीतापुर, हरदोई, फर्रुखाबाद, कानपुर, उन्नाव, लखनऊ, बाराबंकी, अयोध्या, अंबेडकरनगर, हापुड़, जीबीनगर, बुलंदशहर, अलीगढ़, हाथरस, कासगंज, एटा, सीतापुर, अमेठी अउर आसपास के इलाका में।

कोहरा खातिर एह जिला के चेतावनी

कानपुर, उन्नाव, लखनऊ, बाराबंकी, रायबरेली, अमेठी, सुल्तानपुर, अयोध्या, अंबेडकरनगर, जालौन, हमीरपुर, सीतापुर, हरदोई, महोबाद, झांसी, ललितपुर, लखीमपुर, बहराइच, श्रावस्ती, बलरामपुर, गोंडा, सिद्धार्थनगर, महाराजगंज, कुशीनगर, बस्ती, एसके नगर, गोरखपुर, फतेहपुर, देवरिया, आजमगढ़, जौनपुर, एसआर नगर, वाराणसी, चंदौली अउर आसपास के इलाका में।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]