[the_ad_group id="30365"]

BSNL के  सिम अगिला 24 घंटा में बंद हो जाई? ओहिजा BSNL कंपनी के बंद होखला के खबर बा? आई जानल जाव एकर सच्चाई…

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नई दिल्ली। भारत संचार निगम लिमिटेड माने BSNL के लेके कइयन तरह के खबर चल रहल बा। कुछ रिपोर्ट्स में दावा कइल जा रहल बा कि कि सरकारी टेलिकॉम कंपनी BSNL के बिक्री होखे जा रहल बा। संगही के सिम बंद होखला के सूचना मिल रहल बा। अइसन सूचना बा कि BSNL के सिम के अगला 24 घंटा में बंद कs दिहल गइल रहे। एह बारे में नोटिफिकेशन जारी कs दिहल गइल रहे। आई जानत जाव कि आखिर का बा समूचा ममिला..
24 घंटा में SIM बंद होखला के सच
एह दिनन सोशल मीडिया पs एगो खबर वायरल हो रहल बा कि BSNL कंपनी के सिम 24 घंटा में बंद हो जाई। सोशल मीडिया पs टेलिकॉम रेगुलेटरी अथॉरिटी ऑफ इंडिया (TRAI) के हवाले से सूचना मिल रहल बा कि जदि रउआ केवाईसी अपडेट नइखे करावत बा, तs राउर सिम अगिला 24 घंटा में ब्लॉक कs दिहल जाई।

     का बा BSNL केवाईसी के सच

पीटीआई के तरफ से दावा कइल जात बा कि केवाईसी अपडेट के सूचना पूरा तरे से फेक बा। रिपोर्ट में कहल गइल बा कि BSNL के तरफ से अइसन नोटिस जारी कइल जात बा। रिपोर्ट में दावा कइल जा रहल बा कि यूजर्स के एह तरह के दावन पs पर्सनल आ बैंक डिटेल जारी कइल जात बा।
मत साझा करी पर्सनल जानकारी
एक्सपर्ट के मानल बा कि यूजर्स के BSNL केवाआईसी अपडेट के नाम पs ओटीटी भा फेर मोबाइल नंबर आ आउर डिटेल ना देवे के चाहीं। काहेकि अइसन करे से हैकर्स राउर पर्सनल जानकारी चोरी कs लेवे सs, जवना के इस्तेमाल बैंक फ्रॉड जइसन घटना में कइल जा सकत बा। एहिसे अइसन कवनो जानकारी के साझा करे से बचे के चाहीं।
नोट – पीआईबी के तरफ से सोशल मीडिया पs वायरल खबरन के पड़ताल कइल जाला। अइसने एगो पड़ताल में बीएसएनएल के बंद होखला आ केवाईसी अपडेट के खबर के फर्जी पावल गइल।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]