Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

अजय मिश्रा गाजियाबाद, प्रीतिंदर सिंह आगरा अउर रमित शर्मा बनलें प्रयागराज के पुलिस आयुक्त, 16 IPS के तबादला

133

नवगठित पुलिस कमिश्नरेट गाजियाबाद, आगरा अउर प्रयागराज में पुलिस आयुक्तन के तैनाती कs दिहल गइल बा।। सोमार के देर रात भइल एह तैनाती से पुलिस महकमा में 16 आईपीएस अफसर एन्ने से ओंने कइल गइल।

एकरे तहत प्रतिनियुक्ति से वापस आइल आईजी रैंक के अफसर अजय मिश्रा के गाजियाबाद, जेल विभाग में आईजी प्रीतिंदर सिंह के आगरा और बरेली रेंज के आईजी रमित शर्मा को प्रयागराज का पहला पुलिस आयुक्त बनाया गया है। वाराणसी व नोएडा के पुलिस आयुक्त हटाए भी गए हैं। वाराणसी में प्रतिनियुक्ति से लौटे एडीजी अशोक मुथा जैन को पुलिस आयुक्त बनाया गया है।

लखनऊ रेंज की आईजी लक्ष्मी सिंह को नोएडा का पुलिस आयुक्त बनाया गया है। वाराणसी व नोएडा के पुलिस आयुक्त क्रमश: ए सतीश गणेश अउर आलोक सिंह के लखनऊ पुलिस मुख्यालय में तैनाती दिहल गइल बा। ई दूनों अफसर कमिश्नरी के गठन से ही अपने जिला में तैनात रहनें। नव गठित पुलिस कमिश्नरेट में जल्द डीसीपी के तैनाती कइल जाई।

तरुण गाबा अब लखनऊ के आईजी

सचिव गृह तरुण गाबा लखनऊ रेंज के आईजी बनावल गइल बानें। प्रयागराज रेंज के आईजी राकेश सिंह बरेली रेंज के आईजी बनावल गइल बानें। चंद्र प्रकाश द्वितीय के प्रयागराज रेंज के डीआईजी बनावल गइल बा। उहवें, गाजियाबाद के एसएसपी मुनिराज जी के अयोध्या के एसएसपी बनावल गइल बा।

अयोध्या के एसएसपी प्रशांत वर्मा के बहराइच के एसपी बनावल गइल बा। बहराइच के एसपी केशव चौधरी के अपर पुलिस आयुक्त, आगरा के पद पर भेजल गइल बा। प्रयागराज के एसएसपी शैलेंश पांडेय के मथुरा अउर मथुरा के एसएसपी अभिषेक यादव के अभिसूचना मुख्यालय भेजल गइल बा। आगरा के एसएसपी प्रभाकर चौधरी के 11वीं वाहिनी पीएसी सीतापुर में सेनानायक बनावल गइल बा।

394320cookie-checkअजय मिश्रा गाजियाबाद, प्रीतिंदर सिंह आगरा अउर रमित शर्मा बनलें प्रयागराज के पुलिस आयुक्त, 16 IPS के तबादला

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.