[the_ad_group id="30365"]

Air India Tragedy: ‘अहमदाबाद हादसा से पहिले एअर इंडिया विमान के आपात बिजली प्रणाली चालू रहे’; US में आइल रिपोर्ट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सेंट्रल डेस्क। अहमदाबाद विमान हादसा के बाद एअर इंडिया के ड्रीमलाइनर 787-8 विमान से जुड़ल अहम जानकारी सामने आइल बा। एगो रिपोर्ट के मोताबिक विमान उड़ान भरे के कुछे सेकेंड बाद अहमदाबाद के मेघाणीनगर में डॉक्टरन के हॉस्टल पs जा गिरल। हालांकि, क्रैश होखे से पहिलही विमान के आपात बिजली प्रणाली सक्रिय हो गइल रहे। इतिहास के सबसे भयानक हादसा में एगो के दंश झेल रहल अमेरिकी कंपनी बोइंग कहले बिया कि कंपनी पूरा ममिला के समझे खातिर जांच ब्यूरो से संपर्क करी।

अमेरिकी अखबार के बड़ दावा, स्वतंत्र स्रोतन से तत्काल पुष्टि ना

एगो रिपोर्ट के मोताबिक एअर इंडिया हादसा के जांच कर रहल अधिकारियन के माने के बा कि पिछला हफ्ता अहमदाबाद में क्रैश भइल एअर इंडिया बोइंग ड्रीमलाइनर विमान में आपातकालीन बिजली जनरेटर चालू रहे। अमेरिकी अखबार वॉल स्ट्रीट जर्नल बुध के जांच से जुड़ल लोगन के हवाले से ई जानकारी देलस। हालांकि अखबार के दावा के स्वतंत्र स्रोतन से तत्काल पुष्टि नइखे हो सकल।

नागरिक उड्डयन मंत्रालय ना देलस जवाब

बोइंग कहलस कि ई जानकारी खातिर भारत के विमान दुर्घटना जांच ब्यूरो से संपर्क करी जबकि, इंजन निर्माता जीई एयरोस्पेस आर भारत के नागरिक उड्डयन मंत्रालय एह ममिला में पूछल गइल सवाल के जवाब ना दिहल।

का विमान के इंजन टेकऑफ के दौरान ठीक से काम करत रहे?

राम एयर टर्बाइन (आरएटी) के रूप में जानल जाये वाला सिस्टम बिजली आ हाइड्रोलिक दबाव उत्पन्न करेला ताकि ई सुनिश्चित कइल जा सके कि पायलट विमान के नियंत्रित कs सके, भलही दुनो इंजन फेल हो जाई। रिपोर्ट में कहल गइल बा कि प्रारंभिक खोज एह बारे में सवाल उठावत बा कि का विमान के इंजन टेकऑफ के दौरान ठीक से काम करत रहे। ड्रीमलाइनर में जीई एयरोस्पेस के इंजन लागल रहे।

कब आ कहां भइल हादसा

बता दीं कि एअर इंडिया के अत्याधुनिक विमान- बोइंग ड्रीमलाइनर 787-8 बीतल 12 जून के अहमदाबाद के मेघाणीनगर में उड़ान भरला के कुछे सेकेंड के बाद क्रैश हो गइल। विमान में सवार 242 लोगन में 12 क्रू सदस्य रहे। यात्रियन में 169 भारतीय नागरिक, 53 ब्रिटिश नागरिक, एगो कनाडाई नागरिक आ 7 पुर्तगाली नागरिक सामिल रहे लोग। हादसा के समय मेघाणीनगर में मवजूद कइयन लोग हताहत भइल। घायलन के अस्पताल में भर्ती करावल गइल।

Read Also: Share Market : मामूली गिरावट के संगे खुलल शेयर बाजार, सेंसेक्स-निफ्टी में सूचीबद्ध कंपनियन के बा हाल, जानीं

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]