[the_ad_group id="30365"]

Air India: दिल्ली से बाली जा रहल एअर इंडिया के उड़ान वापस लवटल; ज्वालामुखी विस्फोट के वजह से लिहल गइल फैसला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सेंट्रल डेस्क। पूर्वी इंडोनेशिया में एगो शक्तिशाली ज्वालामुखी विस्फोट के कारण बुध के बाली जाये वाला एअर इंडिया के एगो फ्लाइट सहित कइयन गो अंतरराष्ट्रीय उड़ानन के रद्द करे के पड़ल। कइयन गो उड़ानन के रस्ता बदले के पड़ल, जवना से यात्रियन के बहुते परेसानी के सामना करे के पड़ल।

दरअसल, पूर्वी नुसा तेंगारा प्रांत में इस्थित इंडोनेशिया के सबसे सक्रिय ज्वालामुखियन में से एगो माउंट लेवोटोबी लाकी लाकी में मंगर के सांझ के विस्फोट भइल। एकर राख के विशाल गुबार आसमान में 10,000 मीटर (32,800 फीट) से अधिक ऊंचाई तक उड़ल। एकरा के लगभग 150 किमी दूर से देखल जा सकत रहे।

एहतियात के तौर पs कइयन गो एयरलाइन बाली के नगुराह राय अंतरराष्ट्रीय हवाई अड्डा पs परिचालन निलंबित कs दिहल। वर्जिन ऑस्ट्रेलिया, जेटस्टार, एअर न्यूजीलैंड, सिंगापुर के टाइगरएयर, चीन के जुनेयाओ एयरलाइंस आ एअर इंडिया सहित कइयन गो एयरलाइनंस आपन उड़ान रद्द कs देलस भा ओकर मार्ग बदल दिहल।

दिल्ली से बाली जा रहल एअर इंडिया के फ्लाइट के बीच उड़ान में से वापस लवटे के सलाह दिहल गइल। एकरा बाद विमान दिल्ली के इंदिरा गांधी अंतरराष्ट्रीय (आईजीआई) एयरपोर्ट पs सुरक्षित रूप से लैंड भइल। एयरलाइन साफ कइलस की कि सब यात्रियन के सुरक्षित रूप से उतार लिहल गइल। एयर इंडिया के प्रवक्ता कहलें, ‘यात्रियन के भइल असुविधा खातिर हमनी के खेद व्यक्त करत बानी सs। हमनी के प्रभावित यात्रियन के होटल में ठहरे के सुविधा दे रहल बानी सs। जदि उ लोग चाहे तs टिकट रद्द भा यात्रा में परिवर्तन चाहे धनवापसी के विकल्प चुन सकत बा लोग।’

Read Also: UP: बुलंदशहर में दर्दनाक हादसा, पुलिया से टकराके पलटल कार, आग लगला से मासूम सहित पांच लोग जिंदा जरल, एक घायल

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]