[the_ad_group id="30365"]

अरुणाचल प्रदेश: चीन सीमा पर ढाई महीना पहिले लापता युवकन के नाइ मिलल सुराग , रक्षामंत्री तक पहुंचल मामला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अरुणाचल प्रदेश अंजाव से करीब ढाई महीना पहिले लापता भइल युवकन के अब ले पता नाइ चल पवले रहे। अइसे में युवक के परिवारीजन अब केंद्र सरकार से मदद के गुहार लगवलें। लापता युवकन में से एक के भाई के कहनाम बा कि हमनी के शक बा कि दूनों भारत के सीमा पार कs गइल होई अउर चीन उनकर अपहरण कs लिहले होइहें, अइसे में हमनीके केंद्र सरकार से एह मामिला में हस्तक्षेप के गुहार लगावतनी जा।

बता देईं कि औषधीय पौधा के तलाश में गइल दूनों युवकन के 24 अगस्त के आखिरी बेर देखल गइल रहे, ओकरे बाद नौ अक्तूबर के एह मामिला में गुमशुदगी के रिपोर्ट दर्ज कइल गइल रहे। हालांकि, एह मामिला में अब ले कौनो सुराग नाइ मिलल रहे। दूनों युवकन के पहचान बेटिलम टिकरो अउर बेइंग्सो मन्यु के रूप में भइल बा।

रक्षामंत्री से मदद करे के कइलें अपील

उहवें एह मामिला में भाजपा विधायक दासंगलू पुल के कहनाम बा कि हमनीके एह मामिला में रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह, मुख्यमंत्री अउर अरुणाचल प्रदेश पूर्वी के सांसद तपीर गाओ से बात कइलें। ऊ बतवलें कि पूरा मामिला पर उनकर गहनता से नजर बा। सेना के ओर से दूनों के ढूढ़े के अभियान चलावल जा रहल बा।

पहिले भी जा चुकल बानें पौधा के तलाश में

परिवारीजन के कहनाम बा कि औषधीय पौधा के तलाश में दूनों पहिले भी जंगल जा चुकल बा। एह बेर ऊ 19 अगस्त के घर से निकलल रहनें। दुनों 15 से 20 दिन के खइले के सामान साथ ले गइलें। उनके 24 अगस्त के आखिरी बेर छगलागाम क्षेत्र में देखल गइल रहे। हालांकि, एक महीना से ज्यादा समय बाद भी दूनों के न लौटले पर ऊ एह मामिला में पुलिस में शिकायत दर्ज करवले रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]