[the_ad_group id="30365"]

दुखद: टिकटॉक स्टार बूगी बी के गोली मारके हत्या, दादी के खातिर खरीदारी करत घरी भइल वारदात

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ब्रैंडन ‘बूगी बी’ मॉन्ट्रियल के एगो वेयरहाउस डिस्ट्रिक्ट ग्रोसरी स्टोर के बाहर गोली मार दिहल गइल रहे। 43 साल के बूगी बी एगो कॉमेडियन रहस, जवन इंस्टाग्राम आ टिक्कॉक दुनो पs आपन वीडियो पोस्ट करत रहलें। सुक के ई वारदात न्यू ऑरलियन्स में भइल, जहां टिकटॉक स्टार अपना दादी खातिर ग्रोसरी शॉपिंग करे आइल रहस।

न्यू ऑरलियन्स पुलिस बतावलस कि कइसे बूगी बी स्टोर के बाहर क्रॉसफायर में फंस गइल रहस, जहां पार्किंग में दु पुरुषन के बीच झगड़ा चलत रहे आ गोली उनका लाग गइल। जब ई घटना भइल तब ऊ अपना मां आ दादी के देखे खातिर क्रिसमस में एलए से घरे आइल रहस। ओहिजा, अब टिकटॉक स्टार के मौत के बाद से फैंसे ना परिवारो के लोग सदमा में बा।

इस मामले में पुलिस एगो ग्रे भा सिल्वर सेडान गेटअवे कार के संगे दी संदिग्धन के निगरानी के तस्वीर आ एगो महिला के तस्वीर जारी कइले बिया। हालांकि ममिला में अभी तक कवनो गिरफ्तारी नइखे भइल। मॉन्ट्रेल इंस्टाग्रामो पs बहुते लोकप्रिय रहस, जहां उनकर करीब एक मिलियन फॉलोअर्स बा लोग आ फेसबुको पs उनका से 500,000 से बेसी लोग जुड़ल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]