Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

आयरलैंड अउर अफगानिस्तान के बीच मुकाबला बारिश के कारण रद्द, मेलबर्न में नाइ भइल टॉस

920

टी20 वर्ल्ड कप 25वां मुकाबला मेलबर्न में आयरलैंड अउर अफगानिस्तान के बीच खेलल जाए के रहल, लेकिन ई बारिश के कारण नाइ हो पावल। मेलबर्न में लगातार बारिश के कारण टॉस भी नाइ भइल। दूनों टीम के एक-एक अंक दे दिहल गइल।

अंपायर मैच रद्द करे के कइलें घोषणा

मेलबर्न में लगातार बारिश के कारण अफगानिस्तान अउर आयरलैंड के बीच मैच के रद्द कs दिहल गइल बा। एह मुकाबला में टॉस भी नाइ भइल। दूनों टीम के एक-एक अंक दे दिहल गइल बा। आयरलैंड अउर अफगानिस्तान के सुपर-12 में ई तीसरा मैच रहल। अफगानिस्तान एक मैच हारल बा। ओकर अबले दू मैच रद्द हो चुकल बा। एसे ओकरे खाता में तीन मैच में दू अंक बा। उहवें, आयरलैंड एक मैच जीतल बा अउर एक हारल बा। एह मैच के रद्द होखले से ओके भी एक अंक मिलल बा। अब ओकर तीन मैच में तीन अंक बा।

मेलबर्न में अउर तेज भइल बारिश

मेलबर्न में मौसम साफ होखले के नाम नाइ ले रहल बा। दूनों टीम टॉस होखले के अगोरा करत रहल ह, लेकिन बारिश अउर ज्यादा तेज हो गइल। अब त तेज हवा भी चले लागल। एही से अंपायर मैच रद्द करे के घोषणा क देहले।

364200cookie-checkआयरलैंड अउर अफगानिस्तान के बीच मुकाबला बारिश के कारण रद्द, मेलबर्न में नाइ भइल टॉस

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.