Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

India Squad: न्यूजीलैंड आ बांग्लादेश के खिलाफ सीरीज खातिर भारतीय टीम के एलान, दु गो नया चेहरन के मिलल मौका

654

न्यूजीलैंड के खिलाफ टी20 आ वनडे सीरीज आउर बांग्लादेश के खिलाफ वनडे आ टेस्ट सीरीज खातिर भारतीय टीम के  एलान हो गइल बा। भारत टी20 वर्ल्ड कप के बाद न्यूजीलैंड के दौरा करी। एह दौरान दुनो टीमन के बीचे  तीन मैचन के टी20 आ तीन मैचन के वनडे सीरीज खेलल जाई। एकरा बाद टीम इंडिया दिसंबर में बांग्लादेश के दौरा प जाई। ओहिजा टीम तीन मैचन के वनडे सीरीज आ दु मैचन के टेस्ट सीरीज खेली। एह दुनो दौरा खातिर चयनकर्ता लोग सोमार के भारतीय टीम के एलान कइल लो।

टीम में तेज गेंदबाज यश दयाल आ कुलदीप सेन दु गो नया चेहररा होई लो। यश के बांग्लादेश के खिलाफ वनडे सीरीज आ कुलदीप के न्यूजीलैंड के खिलाफ वनडे सीरीज के भारतीय टीम में शामिल कइल गइल लो। एह दुनो के अलावा कुछ अइसन खिलाड़ियन के मौका दिहल गइल बा जे पहिले त भारतीय स्क्वॉड के हिस्सा रह चुकल बा लो, बाकिर ओह लो के अभी ले अंतरराष्ट्रीय डेब्यू का मौका नइखे मिलल। एमे रजत पाटीदार आ राहुल त्रिपाठी शामिल बा लो।

आईपीएल 2022 में यश दयाल गुजरात टाइटंस आ कुलदीप सेन राजस्थान रॉयल्स से खेलले रहे लो – फोटो : सोशल मीडिया

भारत के न्यूजीलैंड दौरा

न्यूजीलैंड के खिलाफ टी20 सीरीज खातिर हार्दिक पांड्या कप्तान बनावल गइल बाड़ें। ओहिजा, ऋषभ पंत के उपकप्तान के जिम्मेदारी सउपल गइल बा। दिनेश कार्तिक के टीम से बाहर क दिहल गइल बा। अइसन मानल जा रहल बा कि ई उनकर आखिरी विश्व कप हो सकत बा। हाले में दक्षिण अफ्रीका के खिलाफ मैच के दौरान ऊ चोटिलो हो गइल रहस।

संजू सैमसन – फोटो : सोशल मीडिया

 

ओहिजा, शुभमन गिल, ईशान किशन, श्रेयस अय्यर, संजू सैमसन, वॉशिंगटन सुंदर, कुलदीप यादव, मोहम्मद सिराज आ तूफानी गेंदबाज उमरान मलिक के टी20 टीम में वापसी भइल बा। ओहिजा, दीपक हुड्डा आ सूर्यकुमार यादव खेलत दिखी लो। एह सीरीज खातिर नियमित कप्तान रोहित शर्मा, विराट कोहली आ केएल राहुल केआराम दिहल गइल बा। ओहिजा, मोहम्मद शमी के टीम में शामिल नइखे कइल गइल। उमरान मलिक टी20 टीम में वापसी कइलें बाड़ें। ऊ पिछला बेर आयरलैंड के खिलाफ टी20 सीरीज में खेलल रहस। उनकर गति न्यूजीलैंड के बल्लेबाजन के परेशान क सकत बा। उमरान लगातार 150+ के स्पीड से गेना फेंके में सक्षम बाड़ें।

हार्दिक पांड्या – फोटो : सोशल मीडिया

 

न्यूजीलैंड के खिलाफ टी20 सीरीज खातिर टीम इंडिया:

हार्दिक पंड्या (कप्तान), ऋषभ पंत (उपकप्तान आ विकेटकीपर), शुभमन गिल, ईशान किशन, दीपक हुड्डा, सूर्यकुमार यादव, श्रेयस अय्यर, संजू सैमसन (विकेटकीपर), वॉशिंगटन सुंदर, युजवेंद्र चहल, कुलदीप यादव, अर्शदीप सिंह, हर्षल पटेल, मोहम्मद सिराज, भुवनेश्वर कुमार, उमरान मलिक।

शुभमन गिल आ कप्तान शिखर धवन – फोटो : सोशल मीडिया

 

ओहिजा, न्यूजीलैंड के खिलाफ वनडे सीरीज खातिर शिखर धवन के कप्तानी के जिम्मेदारी सउपल गइल बा। एहुमे रोहित, राहुल, कोहली खेलत ना लउकी लो। ऋषभ पंत के एहू सीरीज खातिर उपकप्तान बनावल गइल बा। ओहिजा, हार्दिक पांड्या के टी20 सीरीज के बाद आराम दिहल गइल बा। वनडे टीम में तूफानी गेंदबाज उमरान मलिक आ मध्यप्रदेश के रीवा के तेज गेंदबाज कुलदीप सेन नया चेहरा होई लो। कुलदीप आईपीएल 2022 में राजस्थान रॉयल्स से खेलत खूब धमाल मचवले रहस। भुवनेश्वर कुमार के वनडे टीम में शामिल नइखें कइल गइल। ओहिजा, वर्ल्ड कप से ठीक पहिले चोटिल भइल तेज गेंदबाज दीपक चाहर आ शार्दुल ठाकुर टीम में वापसी कर रहल बा लो।

उमरान मलिक आ कोच राहुल द्रविड़ – फोटो : सोशल मीडिया

 

न्यूजीलैंड के खिलाफ वनडे सीरीज के लिए टीम इंडिया:

शिखर धवन (कप्तान), ऋषभ पंत (उपकप्तान आ विकेटकीपर), शुभमन गिल, दीपक हुड्डा, सूर्यकुमार यादव, श्रेयस अय्यर, संजू सैमसन (विकेटकीपर), वॉशिंगटन सुंदर, शार्दुल ठाकुर, शाहबाज अहमद, युजवेंद्र चहल, कुलदीप यादव, अर्शदीप सिंह, दीपक चाहर, कुलदीप सेन, उमरान मलिक।

भारत के न्यूजीलैंड दौरा के समूचा शेड्यूल

तारीख मैच जगह
18 नवंबर पहला टी20 वेलिंग्टन
20 नवंबर दूसरा टी20 माउंट माउंगानूई
22 नवंबर तीसरा टी20 नेपियर
25 नवंबर पहला वनडे ऑकलैंड
27 नवंबर दूसरा वनडे हैमिल्टन
30 नवंबर तीसरा वनडे क्राइस्टचर्च

 

कप्तान रोहित शर्मा आ कोच राहुल द्रविड़ – फोटो : सोशल मीडिया

 

भारत के बांग्लादेश दौरा

न्यूजीलैंड के दौरा के बाद भारतीय टीम बांग्लादेश के दौरा प जाई। पहिले टीम तीन मैचन के वनडे सीरीज खेली, फेर दु मैचन के टेस्ट सीरीज खेली। एह सीरीज से रोहित शर्मा, केएल राहुल आ विराट कोहली टीम में वापसी करी लो। ओहिजा, हार्दिक के एहू सीरीज में आराम दिहल गइल बा। बांग्लादेश के खिलाफ वनडे आ टेस्ट दुनो सीरीज में नियमित कप्तान रोहित शर्मा कप्तानी करिहें। ओहिजा, केएल राहुल उपकप्तान होइहें।

रजत पाटीदार आ राहुल त्रिपाठी – फोटो : सोशल मीडिया

 

वनडे टीम में रजत पाटीदार के मौका दिहल गइल बा। न्यूजीलैंड के खिलाफ वनडे सीरीज में रजत के नइखें शामिल कइल गइल। रजत के हाले में दक्षिण अफ्रीका के खिलाफ वनडे सीरीज खातिर भारतीय स्क्वॉड में शामिल कइल गइल रहे, बाकिर ऊ डेब्यू ना क सकल रहस।

रवींद्र जडेजा आ कुलदीप यादव – फोटो : सोशल मीडिया

 

ओहिजा, राहुल त्रिपाठियो के मौका दिहल गइल बा। तेज गेंदबाज यश दयाल टीम में नया चेहरा होइहें। यश आईपीएल 2022 में गुजरात टाइटंस टीम से खेलल रहस। ओहिजा, बांग्लादेश दौरा से रवींद्र जडेजा के टीम में वापसी होई। जडेजा सितंबर में भइल एशिया कप के बाद से चोट के वजह से टीम से बाहर बाड़े। शमी एह सीरीज से टीम में वापसी करिहें।

वॉशिंगटन सुंदर आ शाहबाज अहमद – फोटो : सोशल मीडिया

 

बांग्लादेश के खिलाफ वनडे सीरीज खातिर टीम इंडिया:

रोहित शर्मा (कप्तान), केएल राहुल (उपकप्तान), शिखर धवन, विराट कोहली, रजत पाटीदार, श्रेयस अय्यर, राहुल त्रिपाठी, ऋषभ पंत (विकेटकीपर), ईशान किशन (विकेटकीपर), रवींद्र जडेजा, अक्षर पटेल, वॉशिंगटन सुंदर, शार्दुल ठाकुर , मोहम्मद शमी, मोहम्मद सिराज, दीपक चाहर, यश दयाल।

कुलदीप यादव – फोटो : सोशल मीडिया

 

ओहिजा, टेस्ट सीरीज खातिर केएस भरत आ कुलदीप यादव के टीम में वापसी भइल बा। भरत रिजर्व विकेटकीपर के तौर प होइहें। पंत के चोट लगला भा ना खेलला प उनका मौका मिल सकत बा। चाइनामैन गेंदबाज कुलदीप बहुत समय बाद टेस्ट में वापसी करिहें। कुलदीप पिछला टेस्ट फरवरी 2021 में इंग्लैंड के खिलाफ खेलले रहस।

अश्विन, जडेजा आ अक्षर – फोटो : सोशल मीडिया

बांग्लादेश के खिलाफ टेस्ट सीरीज खातिर टीम इंडिया:

रोहित शर्मा (कप्तान), केएल राहुल (उपकप्तान), शुभमन गिल, चेतेश्वर पुजारा, विराट कोहली, श्रेयस अय्यर, ऋषभ पंत (विकेटकीपर), केएस भरत (विकेटकीपर), रविचंद्रन अश्विन, रवींद्र जडेजा, अक्षर पटेल, कुलदीप यादव, शार्दुल ठाकुर, मोहम्मद शमी, मोहम्मद सिराज, उमेश यादव।

भारत के टेस्ट टीम- तस्वीर साभार: सोसल मीडिया

 

बांग्लादेश दौरा के पूरा शेड्यूल

तारीख मैच जगह
4 दिसंबर पहला वनडे ढाका
7 दिसंबर दूसरा वनडे ढाका
10 दिसंबर तीसरा वनडे ढाका
14-18 दिसंबर पहला टेस्ट चटगांव
22-26 दिसंबर दूसरा टेस्ट ढाका

साभार : अमर उजाला

366110cookie-checkIndia Squad: न्यूजीलैंड आ बांग्लादेश के खिलाफ सीरीज खातिर भारतीय टीम के एलान, दु गो नया चेहरन के मिलल मौका

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.