Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर यूनिवर्सिटी में नेशनल एल्युमिनाई मीट के आगाज:DDU के गौतम बुद्ध हॉस्टल के 16 नंबर कमरा में छिपल बा ‘राजनाथ सिंह’ के याद

बिहान प्रोग्राम में शामिल होइहें रक्षा मंत्री

159

एगो अइसन आवाज जौन आज पूरे देश में गूंजतिया। कब्बो ऊ बुलंद आवाज दीन दयाल उपाध्याय गोरखपुर यूनिवर्सिटी में गूंजत रहे। देश के रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह गोरखपुर यूनिवर्सिटी के होनहार विद्यार्थी रहने। पढ़ाई से लगाएत राजनीति तक में ऊ इहवाँ बढ़-चढक़र हिस्सा लेत रहने। यूनिवर्सिटी के गौतमबुद्ध हॉस्टल का 16 नंबर कमरा, जहां ऊ रहल करत रहने। ओह कमरा में उनकर याद अजुओ छिपल बा। रविवार के एल्युमिनाई मीट के इनऑगरेशन करे बतौर चीफ गेस्ट रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह आ रहल बानें। ऊ हॉस्टल स्थित आपन कमरा के देखे जा सकत बानें। ई मान के डीडीयू प्रशासन 16 नंबर कमरा के पेंट पालिश करा के ओके मेंटेन कइले में लग गइल बा। शुक्रवार के ओह कमरा में युद्धस्तर पर काम चलत रहल।

कमरा नंबर 16 के बदलल सूरत

शुक्रवार के गौतमबुद्ध हॉस्टल में साफ-सफाई का काम तेजी से चल रहल बा। उहवें, राजनाथ सिंह के कमरा नंबर 16 में करीब आधा दर्जन मजदूर लागल रहने, केहू पेटिंग करत रहे, त केहू वायरिंग के काम करत रहल। दरवाजा से लगाइत पूरा कमरा के सूरतवे बदल गइल रहल ।

साल 1971 पास आउट बानें राजनाथ सिंह

डीडीयू के फिजिक्स डिपार्टमेंट के प्रो. लल्लन यादव बतवनें कि रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह एह डिपार्टमेंट के सबसे होनहार स्टूडेंट रहने। ऊ फिजिक्स से एमएससी कइले रहने। राजनाथ सिंह 1971 पास आउट बानें। प्रोफेसर ने बतवनें कि राजनाथ सिंह अपने गुरू प्रो. एलएएन त्रिपाठी के अंडर में पीएचडी में रजिस्ट्रेशनो करवले रहने। लेकिन राजनीति में एक्टिव होखले के बाद ऊ एके पूरा नाई कs पवलें।

247210cookie-checkगोरखपुर यूनिवर्सिटी में नेशनल एल्युमिनाई मीट के आगाज:DDU के गौतम बुद्ध हॉस्टल के 16 नंबर कमरा में छिपल बा ‘राजनाथ सिंह’ के याद

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.