Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

दुसरका टेस्ट में बांग्लादेश के हराके भारत 2-0 से सीरीज क्लीन स्वीप कइलस, होम सीरीज में लगातार 18वां जीत

167

भारत बांग्लादेश के कानपुर टेस्ट में सात विकेट से हराके दु मैचन के टेस्ट सीरीज 2-0 से अपना नामे कs लेले बा। टीम इंडिया के 95 रन के लक्ष्य मिलल रहे, जवना के रोहित एंड कंपनी तीन विकेट गंवाके हासिल कs लेलस। टॉस हारके पहिले बल्लेबाजी करत बांग्लादेश अपना पहिला पारी में 233 रन बनवले रहे। जवाब में भारत ताबड़तोड़ बल्लेबाजी करत अपना पहिली पारी नव विकेट पs 285 रन बनाके घोषित कs देले रहे। भारत के तब 52 रन के बढ़त मिलल र​हे। दूसरका पारी में बांग्लादेश के टीम 146 रन बनवलस आ भारत के सामने 95 रन के लक्ष्य देलस। टेस्ट में आधिकारिक तौर पs एक दिन में 90 ओवर फेकल जाला। बांग्लादेश अपना पहिली पारी में 74.2 ओवर, भारत अपना पहली पारी में 34.4 ओवर, बांग्लादेश अपना दूसरका पारी में 47 ओवर आ भारत अपना दूसरका पारी में 17.2 ओवर खेललस। एह सब के मिला दिहल जाव तs लगभग 174 ओवर बनेला आ ई दु दिन के कुल ओवर (180) से कम बा।

भारत बांग्लादेश के दूसरका टेस्ट में हरा देले बा - फोटो : BCCI
भारत बांग्लादेश के दूसरका टेस्ट में हरा देले बा – फोटो : BCCI

भारत एह टेस्ट में साहसिक खेल देखवलस। पहिला दिन मात्र 35 ओवर के ही खेल हो सकल रहे। बरखा मैच में खलल डललस आ फेर दूसरका आउर तीसरका दिन के खेल बरखा से धुल गइल रहे। चउथा दिन खेल सुरू भइल आ भारत बांग्लादेश के समेटला के बाद फेर ताबड़तोड़ बल्लेबाजी कs  के टेस्ट में कवनो टीम के ओर से सबसे तेज 50, 100, 150, 200 आ 250 रन बनावे के रिकॉर्ड बना देलस। एकरा बाद बांग्लादेश के दूसरका पारी में जल्दी समेटके आसान लक्ष्य के पीछा कइलस। भारत बांग्लादेश के दु भा ओकरा से जादे मैचन के टेस्ट सीरीज में पांचवां बेर क्लीन स्वीप कइले बा। टीम इंडिया एकरा पहिले 2004/05, 2009/10, 2019/20, 2022/23 में अइसन कs चुकल बिया। ओहिजा, भारत ओवरऑल टेस्ट में 37वां बेर कवनो टीम के क्लीन स्वीप कइले बा। भारत अपना घर में लगातार 18वां टेस्ट सीरीज जीतले बा।

विराट कोहली आ यशस्वी जायसवाल – फोटो : BCCI

भारत के दूसरका पारी

भारत खातिर दूसरका पारी में विराट कोहली 29 रन आ ऋषभ पंत चार रन बनाके नाबाद रहल लो। रोहित शर्मा आठ रन, शुभमन गिल छव रन आ यशस्वी जायसवाल 51 रन बनाके आउट भइलें। विराट आ यशस्वी के बीच तीसरका विकेट खातिर 58 रन के साझेदारी भइल। बांग्लादेश के ओर से मेहदी हसन मिराज दु विकेट लेलें, जबकि तैजुल इस्लाम के एक विकेट मिलल। यशस्वी अपना पारी में आठ चौका आ एक छक्का लगवलें।

भारतीय टीम - फोटो : BCCI
भारतीय टीम – फोटो : BCCI

बांग्लादेश के दूसरका पारी 146 रन पर सिमटल

बांग्लादेश के दूसरका पारी 146 रन पs सिमट गइल। बांग्लादेश के टीम मंगर के दु विकेट पs 26 रन से आगे खेलल सुरू कइलस आ 120 रन बनावे में बाकी बचल आठ विकेट गंवा देलस। बांग्लादेश के ओर से शदमान इस्लाम सबसे जादे 50 रन बनवलें। ऊ 101 गेना के अपना पारी में 10 चौका लगवलें। एकरा अलावे आज आउट होखे वालन में मोमिनुल हक (2), कप्तान नजमुल शांतो (19), मुशफिकुर रहीम (37), लिटन दास (1) , मेहदी हसन मिराज (9) सामिल बा लो। शाकिब अल हसन आ तैजुल इस्लाम तs खाता तक ना खोल सकल लो। एकरा पहिले सोमार के जाकिर हसन (10) आ हसन महमूद (2) आउट भइल रहे लो। पांचवां दिन लंच से ठीक एक गेना पहिले बुमराह मुशफिकुर रहीम के क्लीन बोल्ड कइलें। ऊ 37 रन बना सकलें। भारत के ओर से जसप्रीत बुमराह, आर अश्विन आ रवींद्र जडेजा तीन-तीन विकेट लिहल लो। ओहिजा, आकाश दीप के एक विकेट मिलल।

मोमिनुल हक - फोटो : BCCI
मोमिनुल हक – फोटो : BCCI

भारत पहिला पारी घोषित कइलस 

भारत आपन पहिला पारी 285/9 के स्कोर पs घोषित कs देले रहे। 34.4 ओवर में भारत ई स्कोर बनवलस। बांग्लादेश अपना पहिली पारी में 233 रन बनवले रहे। एह लिहाज से टीम इंडिया के लीड 52 रन के भइल। भारत के ओर से यशस्वी जायसवाल सबसे जादे 72 रन बनवले। जायसवाल 51 गेना में 12 चौका आ दु छक्का के मदद से 72 रन के पारी खेलले। रोहित शर्मा 11 गेना में एक चौका आ तीन छक्का के मदद से 23 रन बनवलें। ओहिजा, शुभमन गिल 36 गेना में 29 रन, ऋषभ पंत 11 गेना में नव रन, विराट कोहली 35 गेना में चार चौका आ एक छक्का के मदद से 47 रन बनवलें। केएल राहुल 43 गेना में सात चौका आ दु छक्का के मदद से 68 रन बनवलें। रवींद्र जडेजा आठ रन, रविचंद्रन अश्विन एक रन आ आकाश दीप 12 रन बनवलें। बांग्लादेश के ओर से मेहदी हसन मिराज आ शाकिब अल हसन चार-चार विकेट लेलें। ओहिजा, हसन महमूद के एक विकेट मिलल।

भारतीय टीम - फोटो : BCCI
भारतीय टीम – फोटो : BCCI

बांग्लादेश के पहिला पारी

बांग्लादेश के पहिला पारी 233 रन पर समाप्त हो गइल रहे। सोमार के बांग्लादेश के टीम तीन विकेट पs 107 रन से आगे खेलल सुरू कइलस आ 126 रन बनावे में बाकी बचल सात विकेट गंवा देलस। जडेजा आखिरी विकेट के रूप में खालिद अहमद (0) के आउट कइलें। ई उनका टेस्ट करिअर के 300वां विकेट रहल। ओहिजा, मोमिनुल हक 107 रन बनाके नाबाद रहलें। बांग्लादेश के सोमार के दिन पहिला झटका मुशफिकुर रहीम के रूप में लागल, उ 11 रन बना सकलें। एकरा बाद लिटन दास 13 रन, शाकिब अल हसन नव रन बनाके आउट भइलें। एकरा बाद मेहदी हसन मिराज मोमिनुल हक के संगे सातवां विकेट खातिर 54 रन के साझेदारी निभवलें। एह बीच मोमिनुल टेस्ट करिअर के 12वां शतक लगवलें। मेहदी 20 रन बनाके आउट भइलें। ओहिजा, तैजुल पांच रन आ हसन महमूद एक रन बनाके आउट भइलें। जडेजा खालिद के आउट कs के बांग्लादेश के पारी 233 रन पर समेट देलस।

972730cookie-checkदुसरका टेस्ट में बांग्लादेश के हराके भारत 2-0 से सीरीज क्लीन स्वीप कइलस, होम सीरीज में लगातार 18वां जीत

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.