[the_ad_group id="30365"]

भीमराव अंबेडकर विवि के कुलसचिव पs दर्ज होई केस: IAS केके पाठक देलें निरदेस, फाइनेंशियल से जुड़ल अफसरन पs FIR दर्ज करे के आदेस 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

IAS केके पाठक बाबा साहेब भीमराव अंबेडकर विश्वविद्यालय, मुजफ्फरपुर के कुलसचिव आ वित्तीय अनियमितता से संबंधित पदाधिकारियन पs एफआईआर दर्ज करे के निरदेस देले बाड़ें। केके पाठक तिरहुत प्रमंडल के क्षेत्रीय शिक्षा उप निदेशक के एफआईआर दर्ज कs के 48 घंटा के अंदर विभाग के जानकारी देवे के कहलें बाड़ें।

शिक्षा अपर मुख्य सचिव के आदेस के बाद शिक्षा विभाग के उच्च शिक्षा निदेशक डॉ. रेखा कुमारी एह संबंध में बुध के चिट्ठी जारी कs देले बाड़ी। बता दीं कि विभाग 27 सितंबर के कुलसचिव के निरदेस देले रहे कि दोषी पदाधिकारियन आ कर्मचारियन पs स्थानीय थाना में एफआईआर दर्ज करावस। विभाग अपना पत्र में कहके बा कि एफआईआर दर्ज करावे में कुलसचिव विफल रहलें आ एह तरे ऊ अनिमयमिततन के छुपावे के प्रयास कइले बाड़ें। अइसन प्रतीत हो रहल बा कि वित्तीय अनियमितता में ऊ सहजोग कइले बाड़ें। एहिसे उनका खिलाफ एफआईआर के आदेस दिहल जा रहल बा।

कुलसचिव के भेजल गइल पत्र में डॉ. रेखा कुमारी कहली कि वित्तीय अनियमितता आ राज्य सरकार के ओर से दिहल गइल राशि के उपयोग नियम के विरुद्ध जाके करे के ममिला में ई आदेस दिहल गइल बा। विभाग कहलस कि अंकेक्षण रिपोर्ट में विश्वविद्यालय में वित्तीय ममिलन में कइयन अनियमितता स्पष्ट होत बा। अगस्त के तीसरा सप्ताह में विश्वविद्यालय में अंकेक्षण के टीम गइल रहे। विश्वविद्यालय के लिखल अपना पत्र में छव अलग-अलग वित्तीय अनियमिततन के जानकारी दिहल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]