[the_ad_group id="30365"]

UP Police Recruitment: नवहा लोगन खातिर जरूरी खबर, यूपी पुलिस में सिपाहियन के भर्ती के लेके आइल बड़ अपडेट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नकल माफिया आ सॉल्वर गैंग के सेंधमारी से बांचे खातिर प्रदेश पुलिस में 52,699 सिपाहियन के सीधी भर्ती के लिखित परीक्षा हाइब्रिड मोड पs करावे के तइयारी बा। उप्र पुलिस भर्ती आ प्रोन्नति बोर्ड लिखित परीक्षा करावे खातिर कार्यदायी संस्था के चयन कइला के बाद एकर पूरा खाका तइयार करी।

एमे परीक्षा करावे के अवधि आ तौर-तरीकन पs गहिराह मंथन कइला के बाद निर्णय लिहल जाई। बतावत चलीं कि पुलिस भर्ती समेत सरकारी विभागन में होखे वाली सीधी भर्तियन के लिखित परीक्षा के पेपर कइयन बेर लीक होखला से परीक्षन के स्थगित करे के पड़ल रहे।

हाले में आयोजित दरोगा सीधी भर्ती के परीक्षा के ऑनलाइन करावे के कवायद कइल गइल, बाकिर एमे सॉल्वर गैंग सेंधमारी कs दिहल दी। कइयन जगहन पs पेपर चंद सेकंडन में हल कs दिहल गइल। एमे लिप्त परीक्षा केंद्रन आ अभ्यर्थियन के खिलाफ सौ से जादे मुकदमा दर्ज करावल गइल रहे।

एमे कइयन गो मुन्ना भाई लोग लगातार पकड़ा जा रहल बा लो। नकल माफिया आ सॉल्वर गैंग के एही सेंधमारी से बचे खातिर पुलिस में कंप्यूटर ऑपरेटरन के सीधी भर्ती के परीक्षा अब हाइब्रिड मोड पs करावल जा रहल बा। एही तरे जल्दिये 52,699 सिपाहियन के सीधी भर्ती के लिखित परीक्षो अब हाइब्रिड मोड पs होई।

एह तरे हो सकत बा परीक्षा

हाइब्रिड मोड पs अभ्यर्थियन से ऑनलाइन आवेदन लिहल जाई। ओकरा बाद लिखित परीक्षा ऑनलाइन आ ऑफलाइन तरीका से करावल जाई। अधिकारियन के मोताबिक, अभ्यर्थियन के कंप्यूटर स्क्रीन पs पेपर ऑनलाइन प्रदर्शित होई, जबकि ओह  लोगन के पेपर ऑफलाइन तरीका से हल करे के होई।

एकरा खातिर परीक्षा केंद्रन के संख्या बढ़ावे के संगही परीक्षा के अवधियो के बढ़ावल जाई। उम्मीद जतावल जा रहल बा कि एह तरीका से पेपर लीक होखे के संभावना ना रही।

परीक्षा केंद्र आ प्रिंटिंग प्रेस में होला खेल

पिछला कइयन परीक्षा में सामने आ चुकल बा कि पेपर लीक होखला में प्रिंटिंग प्रेस आ परीक्षा केंद्रन के अहम भूमिका रहत बा। कइयन परीक्षन में प्रिंटिंग प्रेस के मालिक आ कर्मचारियन के पेपर लीक करावे में मिलीभगत सामने आ चुकल बा। कुछ ममिलन में परीक्षा करावे वाली कार्यदायी संस्थो सवालन के घेरा में आइल। दरोगा सीधी भर्ती में तs परीक्षा केंद्रन द्वारा पेपर हल करावे में बड़ खेल के अंजाम दिहल गइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]