[the_ad_group id="30365"]

TWITTER में ‘तबाही’ मचवला के बाद ELON MUSK केअगिला डेग, नौकरी प बहाल होईहें कुछ कर्मचारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ट्विटर के नया बॉस बनतही एलन मस्क कंपनी में ‘तबाही’ मचा देले बाड़ें। कॉस्ट कटिंग के नाम प कइयन गो कर्मचारियन के नौकरी से निकालल गइला के बाद अब मस्क कुछ लोगन के को नौकरी प बहाल क सकत बाड़े। मीडिया रिपोर्ट बा कि कुछ कर्मचारियन के वापस नौकरी प बहाल कइल जा सकत बा, जे मस्क के अइला के बाद आपन नौकरी गववले बा लो। ओह लोगन के ई कहके वापस बोलावल जा सकत बा ओह लोगन के गलती से निकालल गइल आ प्रबंधन के ओह लोग के काम आ अनुभव के जरूरत बा। बाकिर, एकरा बादो इहां एगो शर्त बा…

ममिला से परिचित दु लोगन के अनुसार, जवना लोगन के ट्विटर में वापस आवे के कहल जा रहल बा, ओमे से से कुछ के गलती से हटा दिहल गइल रहे। प्रबंधन के जब एह बात के एहसास भइल तब तक ओह लोग के नौकरी से निकलला के ई-मेल कइल जा चुकल रहे। तब कंपनी आउर लोगन के जाये के इंतजार करत रहे। उपरोक्त लोगन के कहनाम बा कि एलन मस्क के ट्विटर में नया सुविधन के निर्माण खातिर ओह लोगन के काम आ अनुभव जरूरी हो सकत बा।

ब्लूमबर्ग के रिपोर्ट के अनुसार, एलन मस्क के ट्विटर के अधिग्रहण कइला के बाद लागत के कम करे आ कमाई के जरिया बढ़ावे खातिर मैनेजमेंट एह सप्ताह ई-मेल के माध्यम से कर्मचारियन के नौकरी से निकललस। कइयन गो कर्मचारियन के ई-मेल के जरिए पता लागल कि कंपनी ओह लो के नौकरी से निकाल चुकल बिया। अब कुछ कर्मचारियन के लौटे खातिर मैनजेमेंट द्वारा कइल जा रहल अनुरोध से पता चलत बा कि नौकरी से निकाले के प्रक्रिया बहुते जल्दीबाजी में अंजाम दिहल गइल।

ममिला से परिचित लोगन के अनुसार, ट्विटर के लगे अभी करीब 3,700 कर्मचारी शेष बा। मस्क ओह लोगन के वापस लेवे प जोर दे रहल बा जे नया सुविधन आ नियमन के संगे कंपनी के संगे बनल रहल चाहत बानी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]