[the_ad_group id="30365"]

Madhumita Murder Case: मधुमिता हत्याकांड के शूटर प्रकाश पांडे के मौत, पूर्व मंत्री अमरमणि के संगे भइल रहे सजा

मधुमिता शुक्ला आ शूटर प्रकाश पांडे - फोटो : अमर उजाला
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। चर्चित मधुमिता हत्याकांड के शूटर प्रकाश पांडे के सुक के मौत हो गइल। पूर्व मंत्री आ ममिला में आरोपी अमरमणि त्रिपाठी के संगही प्रकाश पांडेय के आजीवन कारावास के सजा भइल रहे।

बियफे के लखनऊ के एगो हॉस्पिटल में लिवर कैंसर से जूझ रहल प्रकाश पांडे के इलाज के दौरान मौत हो गइल। रात में गोरखपुर के राजघाट में अंतिम संस्कार भइल। बता दीं कि 9 मई 2003 के लखनऊ में मधुमिता शुक्ला के हत्या भइल रहे। शाहपुर इलाका में प्रकाश पांडे के घर बा।

कवियत्री मधुमिता शुक्‍ला के हत्या कब भइल

बता दीं कि 9 मई 2003 के लखनऊ के पेपरमिल कालोनी निशातगंज में मशहूर कवियत्री मधुमिता शुक्ला के गोली मार के हत्या कs दिहल गइल रहे। हत्या के बाद मधुमिता अवुरी अमरमणि के प्रेम प्रसंग के जानकारी सोझा आइल, ओ समय राज्य के बसपा सरकार आ अमरमणि बसपा सरकार के कद्दावर मंत्री में सामिल रहले। बतावल जात बा कि जेल गइला के बादो पूर्व मंत्री अमरमणि के हनक कम ना भइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]