Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

कॉलेज मेस के खाना में मिलल छिपकली, 30 छात्रन के बिगड़ल तबीयत 

52
Google Ads 300*250 for posts

अभियंत्रण महाविद्यालय कुमारबाग के 30 छात्र के स्वास्थ्य शुक के रात में मेस फूड खइला के बाद अचानक बिगड़ गइल। सिविल इंजीनियरिंग के छात्र नितिन यादव के खाना में छिपकली देखल गइल, जवना के बाद छात्र कॉलेज प्रशासन के सूचना देले। घटना के चलते कॉलेज प्रशासन के चिंता होखे लागल। कॉलेज प्रशासन तुरंत जिला पदाधिकारी दिनेश कुमार राय के जानकारी दे दिहलस।

बेतिया। अभियंत्रण महाविद्यालय कुमारबाग के 30 छात्र के स्वास्थ्य शुक के रात में मेस फूड खइला के बाद अचानक बिगड़ गइल। घटना रात के करीब दस बजे के हऽ। बीमार विद्यार्थियन के सात गो एम्बुलेंस आ एगो बस में इलाज खातिर जीएमसीएच ले आवल गइल। कॉलेज के छात्र बतवले कि खाना में छिपकली के मौजूदगी के चलते करीब 30 छात्र के खाना खइला के बाद चक्कर आवे लागल आ उल्टी होखे लागल।

सिविल इंजीनियरिंग के छात्रा नितिन यादव के खाना में छिपकली देखल गइल, जवना के बाद छात्र कॉलेज प्रशासन के सूचना देले। घटना के चलते कॉलेज प्रशासन के चिंता होखे लागल। कॉलेज प्रशासन तुरंत जिला पदाधिकारी दिनेश कुमार राय के जानकारी देले।

 

968540cookie-checkकॉलेज मेस के खाना में मिलल छिपकली, 30 छात्रन के बिगड़ल तबीयत 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.