[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली में एके परिवार के 5 लोग के शव मिलले से मचल हड़कंप, जांच में जुटल पुलिस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

राजधानी दिल्ली से एगो सनसनीखेज मामला सोझा आईल बा। रंगपुरी इलाका में संदिग्ध परिस्थिति में एके परिवार के 5 लोग के शव मिलल बा। पुलिस के आशंका बा कि पिता अपना बेटी के हत्या कs देले अवुरी ओकरा बाद जहर खा के आत्महत्या कs लेले। फिलहाल पुलिस मामला के जांच करतिया।

घर में पिता अवुरी चार बेटी के लाश मिलल बा। पुलिस के आशंका बा कि पिता सल्फ़ाज़ के गोली खा के आत्महत्या कs लेले बाड़े। चारो बेटी में एगो बेटी आन्हर रहे। एक के चले में दिक्कत रहे। इनकरी लगे से सल्फ़ाज़ के पाउच मिलल बा।

पहिला कमरा में सभ बेटी के शव डबल बेड पs पड़ल रहे अवुरी दूसरा कमरा में पिता के शव मिलल। पांचों के मुंह से सफेद झाग निकलत रहे। एकरा अलावे सभ बेटी के पेट अवुरी गर्दन में लाल रंग के धागा बान्हल रहे।

पुलिस के एs घटना के जानकारी शुक के सबेरे मिलल। दिल्ली पुलिस के मुताबिक पिता बढ़ई के काम करत रहले अवुरी पत्नी के कैंसर से एक साल पहिले मउत हो गईल रहे। सीसीटीवी फुटेज में 24 तारीख के घर के भीतर जात देखाई देता। तब से घर के दरवाजा भीतर से ताला लागल रहे।

पुलिस फ्लैट के ताला तोड़ दिहलस, भीतर 5 लाश पड़ल रहे। जानकारी के मुताबिक 50 साल के हीरा लाल के परिवार दिल्ली के रंगपुरी गांव में किराया के मकान में रहत रहे।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]