[the_ad_group id="30365"]

कश्मीर के दहलावे के बड़ साजिश नाकाम, गिरफ्त में जैश-ए-मोहम्मद के 6 गो आतंकी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जम्मू-कश्मीर पुलिस दक्षिण कश्मीर में जैश-ए-मोहम्मद (Jaish-e-Mohammed) के एगो आतंकी मॉड्यूल के भंडाफोड़ कइले बिया। एह मॉड्यूल के छह सदस्यन के गिरफ्तार कइल गइल बा। इनका लगे से रिमोट संचालित आईईडी डेटोनेटर बैटरी पिस्तौल हथगोले आ नकदी बरामद भइल बा। बता दी कि राज्य में विधानसभा चुनाव (Jammu Kashmir Election) के चलते सुरक्षा एजेंसी अलर्ट पs बा।

पाकिस्तान में बइठल आतंकी हैंडल करे वाला अब जेल में बंद अपना पुरान ओवरग्राउंड वर्कर के मदद से कश्मीर में नया आतंकी मॉड्यूल तइयार करत बाड़े। एह साजिश के पर्दाफाश पुलिस बियफे के दिने दक्षिण कश्मीर में जैश-ए-मोहम्मद के ओर से सक्रिय कइल जा रहल आतंकी मॉड्यूल के छह गो सदस्यन के गिरफ्तार क लिहलस। एह मॉड्यूल पs कब्जा कइला के बाद ग्रेनेड हमला, घाटी के भीड़भाड़ वाला इलाकन में आईईडी विस्फोट आ प्रवासी मजदूरन के सीरियल टारगेट हत्या के माध्यम से अराजकता फइलावे के बड़हन साजिश नाकाम हो गइल बा।

आतंकी मॉड्यूल से इ हथियार बरामद भइल बा

एह मॉड्यूल से 5 रिमोट से चले वाला आईईडी, 30 गो डिटोनेटर, आईईडी खातिर 17 गो बैटरी, तीन गो मैगजीन आ 25 गो कारतूस, दू गो पिस्तौल, चार गो हैंड ग्रेनेड आ 20 हजार रुपिया के नकदियो  बरामद भइल बा। 6 आरोपी से पूरा पूछताछ कइल जाता।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]