[the_ad_group id="30365"]

शिक्षिका के निलंबन से नाराज बच्चा डीएम से मिले पहुंचले कलक्ट्रेट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लखीमपुर खेरी जिला के खिंचिनपुरवा प्राथमिक विद्यालय प्रखंड नकहा के प्राचार्य कल्पना के निलंबन के लेके मंगर के कलेक्ट्रेट में जाके खिसियाइल स्कूली बच्चा विरोध प्रदर्शन कइले। सबेरे दस बजे के करीब 50 से अधिका छात्र आ अभिभावक शिक्षक के बहाल करे के मांग करत डीएम कार्यालय पहुंचले। उऽ कहले कि शिक्षिका के राजनीति आ साजिश में फंसावल गइल बा।

स्कूल के बच्चा आ अभिभावक लोग के कहनाम बा कि शिक्षिका कल्पना नियमित रूप से स्कूल आवेली। उहाँ के लइकन के पढ़ावेली। जांच टीम बिना कवनो नोटिस दिहले उनका के निलंबित कऽ देलस। जब उऽ स्कूल ना पहुंचली तऽ लइकन के पता चलल।

लइका लोग कहल कि जबले मैम के पढ़ावे खातिर स्कूल ना भेजल जाई तबले ऊहो स्कूल ना जइहें। एह से मैम के स्कूल में पढ़ावे खातिर भेजल जाव। लइका करीब दू घंटा ले कलेक्ट्रेट में बइठल रहलें। डीएम के अनुपस्थिति में एसडीएम बच्चा आ माता-पिता के शिकायत सुन के आश्वासन देले।

इ रहे मामला

बता दीं कि 13 सितंबर के बीएसए प्रवीण कुमार तिवारी नकहा प्रखंड के खिंचिनपुरवा प्राथमिक विद्यालय के निरीक्षण कइले रहले। निरीक्षण के दौरान स्कूल में पंजीकृत 143 बच्चा में से मात्र 73 बच्चा मौजूद रहले। प्रधानाध्यापक कल्पना अनुपस्थित रहली। उनका खिलाफ गलत जानकारी देके छुट्टी लेवे के सबूत मिलल। एकरा पs बीएसए शिक्षक कल्पना के तुरंत प्रभाव से निलंबित कऽ देले रहे। साथही दोसरा स्कूल में हाजिरी खातिर रजिस्ट्रेशन करावे के निर्देश जारी कइल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]