JPU में PHD परीक्षा के शेड्यूल जारी: 30 सितंबर के दु पाली में होई एग्जाम

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 21, 2024

जयप्रकाश विश्वविद्यालय परीक्षा विभाग पीएचडी कोर्स वर्क 2022 के परीक्षा के शेड्यूल जारी कs दिहल गइल। ई परीक्षा 30 सितंबर के दुगो पाली में आयोजित कइल जाई। पहिला पाली सबेरे 9:30 बजे से दुपहरिया 12:30

Share

JPU में रिसर्च के गुणवत्ता बढ़ावे खातिर प्लेगरिज्म सॉफ्टवेयर से होई जांच, पीजी कोर्स में 20% बदलाव

जयप्रकाश विश्वविद्यालय परीक्षा विभाग पीएचडी कोर्स वर्क 2022 के परीक्षा के शेड्यूल जारी कs दिहल गइल। ई परीक्षा 30 सितंबर के दुगो पाली में आयोजित कइल जाई। पहिला पाली सबेरे 9:30 बजे से दुपहरिया 12:30 बजे तक होई। जबकि दूसरका पाली दुपहरिया 1:30 बजे से 4:30 बजे तक होई।

पहली पारी में रिसर्च एंड मेथाडोलॉजी के परीक्षा लिहल जाई, जबकि दूसरका पाली के पेपर 2 के अंतर्गत संबंधित विषय के परीक्षा आयोजित होई। जयप्रकाश विश्वविद्यालय कैंपस में परीक्षा के केंद्र बनावल गइल बा।

200 अंकन के होई परीक्षा

परीक्षा नियंत्रक डॉ. अशोक कुमार मिश्रा बतवलें कि सब पीजी विभागन के कोर्स वर्क के परीक्षा से संबंधित नोटिफिकेशन भेज दिहल गइल बा। कोर्स वर्क के परीक्षा दु सौ अंकन के होई। जेमे दु पेपर सामिल होई। पहिला पेपर 100 अंक के रिसर्च एंड मेथाडोलॉजी पs आधारित होई। एही पेपर में छात्रन से कंप्यूटर से संबंधित प्रश्नो पूछल जाई।

जबकि दूसरका पेपर मूल विषय से संबंधित होई। परीक्षा से पहिले सब छात्रन के विभाग स्तर पs परीक्षा से संबंधित कोर्स मटेरियल उपलब्ध करावल गइल बा। मालूम होखे कि पीएचडी कोर्स वर्क में विज्ञान, वाणिज्य, सामाजिक विज्ञान आ मानविकी के अंतर्गत भौतिकी, रसायन शास्त्र, गणित, जूलॉजी, बॉटनी, हिंदी, अंग्रेजी, संस्कृत, उर्दू, इतिहास, अर्थशास्त्र, मनोविज्ञान, दर्शनशास्त्र, राजनीति विज्ञान, भूगोल, वाणिज्य आउर गृह विज्ञान विभाग में नामांकित छात्रन के परीक्षा होई।

परीक्षा विभाग से मिलल जानकारी के अनुसार कोर्स वर्क में कुल 200 अंकन के दु पेपर के परीक्षा होला। एमे दुनो पेपर के अंतर्गत 30-30 अंकन के इंटर्नल परीक्षा पहिलही विभाग स्तर पs आयोजित करावल जा चुकल बा। जवना के अंक पत्र परीक्षा विभाग के सबमिट कs दिहल गइल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.