[the_ad_group id="30365"]

बक्सर में एक साथे 15 किन्नरन के कइल गइल गिरफ्तार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बक्सर रेल पुलिस बियफे के दिने एगो खास अभियान शुरू कइलस आ रेल यात्रियन से पइसा वसूली करे वाला 15 गो किनर के गिरफ्तार कऽ लिहलस।  उनका के जुर्माना खातिर रेलवे कोर्ट, आरा भेज दिहल गइल। रेल पुलिस के लगातार शिकायत मिलत रहे कि किनर रेलवे यात्रियन के संगे कुव्यवहार करतारे आ अत्याचार करतारे। आरपीएफ कहलस कि ई अभियान लगातार जारी रही।

बक्सर: रेलवे यात्रियन से लगातार मिलल शिकायत में शुक के विभिन्न ट्रेन में किनर के खिलाफ एगो विशेष अभियान शुरू कइल गइल। रेल पुलिस के कार्रवाई में रेल यात्री से पइसा वसूली के आरोप में 15 किनर के गिरफ्तार कऽ के जुर्माना खातिर रेल कोर्ट आरा भेज दिहल गइल।

आरपीएफ के चौकी प्रभारी निरीक्षक दीपक कुमार बतवले कि अलग-अलग ट्रेन में सफर करेवाला किनर के ट्रेन में अलग-अलग प्रकार के अत्याचार आ अशोभनीयता के शिकायत लगातार होखऽता।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]