गोरखपुर यूनिवर्सिटी में एडमिशन के आखिरी मवका: आज होई B-फार्मा, D-फार्मा खातिर एंट्रेंस एग्जाम 

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 22, 2024

दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर यूनिवर्सिटी एह साल से सुरू हो रहल B-फार्मा आ D-फार्मा कोर्सेज में एडमिशन खातिर आज माने अतवार के एंट्रेंस एग्जाम आयोजित हो रहल बा। ई एग्जाम यूनिवर्सिटी के दीक्षा भवन में दु

Share

दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर यूनिवर्सिटी एह साल से सुरू हो रहल B-फार्मा आ D-फार्मा कोर्सेज में एडमिशन खातिर आज माने अतवार के एंट्रेंस एग्जाम आयोजित हो रहल बा।

ई एग्जाम यूनिवर्सिटी के दीक्षा भवन में दु शिफ्ट में होई। B-फार्मा के 66 सीटन खातिर 331 आ D-फार्मा के 66 सीटन खातिर 351 कैंडिडेट सामिल होई लो।

एंट्रेंस एग्जाम में सामिल होखे खातिर एडमिट कार्ड जरूरी

सब कैंडिडेट के एडमिट कार्ड संगे ले आवल अनिवार्य बा, बिना एकरा एग्जाम में बैठक के परमिशन ना होई। एकरा अलावे, एग्जाम सेंटर में मोबाइल फोन, डिजिटल डिवाइसेस, भा कवनो एक्स्ट्रा सामान ले जाये के परमिशन नइखे।

BAJMC/MAJMC खातिर स्पॉट काउंसलिंग बिहान

संगही, BAJMC आ MAJMC (सेल्फ-फाइनेंस्ड) कोर्सेज में एडमिशन खातिर अब तक मवका ना पावे वाला कैंडिडेट खातिर स्पॉट काउंसलिंग के आयोजन कइल जा रहल बा। ई काउंसिलिंग बिहान माने सोमार के हिंदी डिपार्टमेंट में सबेरे 10 बजे से दुपहरिया दु बजे तक होई। कैंडिडेट के सब ऑरिजिनल डॉक्यूमेंट, जइसे हाई स्कूल, इंटरमीडिएट, ग्रैजुएशन के मार्कशीट्स, कैरेक्टर सर्टिफिकेट आ ट्रांसफर सर्टिफिकेट संगे ले आवल जरूरी बा।

दु बजे के बाद आवे वाला कैंडिडेट के काउंसिलिंग में सामिल होके के मवका ना मिली, एहिसे सभका से टाइम पs पहुंचे के आग्रह कइल गइल बा।

पूर्वांचल के स्टूडेंट्स खातिर बेहतरीन करिअर अवसर

पूर्वांचल के स्टूडेंट्स खातिर ई दुनो एडमिशन प्रोसेस सानदार ऑपर्च्युनिटी लेके आ रहल बा। जहां B फार्म आ D फार्म कोर्सेज हेल्थ आउर फार्मेसी फील्ड में करिअर के बेहतरीन ऑप्शन खोलत बा, ओहिजा BAJMC और MAJMC कोर्सेज मीडिया आ कम्युनिकेशन फील्ड में नया संभावना दे सकत बा। सब इच्छुक कैंडिडेट से एह मवकन के पूरा फायदा उठावे के अनुरोध कइल गइल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.