[the_ad_group id="30365"]

Bihar News: बिहार प्रशासनिक सेवा के 29 अफसरन के तबादला: जहानाबाद भगदड़ के दोषी एसडीओ पटना के सीनियर डीसी बनलें

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार में ट्रांसफर-पोस्टिंग के दौर जारी बा। बिहार प्रशासनिक सेवा के 29 अफसरन के एक जगह से दूसरा जगह कs दिहल गइल बा। शशि शेखर के पटना के उप नगर आयुक्त बनावल गइल बा। एह संबंध में सामान्य प्रशासन विभाग अधिसूचना जारी कs देले बा।

पटना के सीनियर डिप्टी कलक्टर बनलें विकास कुमार

बराबर पहाड़ी पs भइल भगदड़ खातिर दोषी मानल गइल जहानाबाद अनुमंडल के एसडीओ विकास कुमार पटना के सीनियर डिप्टी कलक्टर बनावल गइल बाड़ें। उनका खिलाफ विभागीय कार्यवाहियो चली। बीतल 11 अगस्त के बाबा सिद्धेश्वर नाथ मंदिर परिसर में मचल भगदड़ में सात लोगन के मौत भइल रहे। जहानाबाद डीएम 20 अगस्त के विकास कुमार पs कार्रवाई के अनुशंसा कइले रहस। सुक के सामान्य प्रशासन विभाग विकास पs कार्रवाई आ सीनियर डीसी संबंधी अधिसूचना जारी कइलस।

समाज कल्याण विभाग के संयुक्त सचिव कुमारी सीमा के बीएमएसआईसीएल के सीजीएम, बीएमएसआईसीएल के सीजीएम नजर हुसैन के पंचायती राज विभाग में संयुक्त सचिव, बीएमएसआईसीएल के सीजीएम रवींद्र कुमार के खाद्य आ उपभोक्ता संरक्षण विभाग में संयुक्त सचिव, नगर विकास विभाग के उप सचिव राहुल बर्मन के बिहार राज्य आवास बोर्ड के भू-सम्पदा अधिकारी बनावल गइल बा।

शशि शेखर पटना नगर निगम के उपनगर आयुक्त बनलें

गया के अपर जिला दंडाधिकारी शशि शेखर के पटना नगर निगम के उपनगर आयुक्त, वैशाली के जिला पंचायती राज अधिकारी हरेंद्र राम के बीएमएसआईसीएल के सीजीएम, आपदा प्रबंधन विभाग के ओएसडी शैलेश चंद्र दिवाकर के बिहार स्वास्थ्य सुरक्षा समिति के प्रशासी अधिकारी आ बृन्दा लाल के राज्य स्वास्थ्य समिति के पदाधिकारी बनावल गइल बा। ओहिजा, 12 अधिकारियन के जिला भू-अर्जन अधिकारी आ चार अधिकारियन के अपर समाहर्ता बनावल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]