[the_ad_group id="30365"]

गुजरात के एह यूनिवर्सिटी में छात्र पढ़ले नमाज, VHP-बजरंग दल के हंगामा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Gujarat News: गणपत विश्वविद्यालय में छात्रन के नमाज चढ़ावे के वीडियो वायरल भइला का बाद विश्व हिन्दू परिषद आ बजरंग दल के विरोध भइल। विश्वविद्यालय कहलस कि नयका छात्र एह नियम से अनजान बाड़े आ भविष्य में सावधान रहे के भरोसा देले बाड़े। अब मामला के समाधान हो गइल बा।

गुजरात के मेहसाणा में इस्थित गणपत विश्वविद्यालय के कुछ नया छात्र कैंपस में नमाज के पढ़ले, सोशल मीडिया पs जब एह घटना के वीडियो वायरल भइल तऽ हंगामा मच गइल। विश्व हिन्दू परिषद अउरी बजरंग दल के कार्यकर्ता मंगर के विश्वविद्यालय के बहरी विरोध प्रदर्शन कइले। एह दौरान हनुमान चालीसा आ राम धुन के पाठ कइलन आ गोमूत्र छिड़क दिहलन। विश्वविद्यालय बुध के एगो बयान जारी कऽ कहलस कि वीडियो में देखाई देवे वाला छात्र नाया बाड़े आ नियम से अनजान बाड़े।

विरोध के वीडियो वायरल हो गइल

VHp अउरी बजरंग दल के कहनाम बा कि उऽ लोग शैक्षणिक संस्थान में अइसन धार्मिक गतिविधि के विरोध करऽतारे। VHP प्रवक्ता हितेन्द्र सिंह राजपूत बतवले कि जब VHP आ बजरंग दल के कार्यकर्ता के नमाज पढ़े के विरोध करेवाला स्थानीय छात्र से एह घटना के जानकारी मिलल तऽ उऽ लोग प्रदर्शनकारी के संगे शामिल होखे खातिर कैंपस में पहुंच गइले। हमनी के शैक्षणिक संस्थान के परिसर के भीतर नमाज पढे जइसन धार्मिक समारोह के विरोध करतानी। एह विरोध के वीडियो भी वायरल हो गइल।

यूनिवर्सिटी का कहलस ? उहे बुध के यूनिवर्सिटी के प्रवक्ता भीखेश भट्ट एगो वीडियो बयान जारी कइले। उऽ कहले कि यूनिवर्सिटी कैंपस में कुछ नया छात्र नमाज अदा करत पावल गइले। हो सकऽता कि उनका लो के यूनिवर्सिटी के नियम आ कायदन के जानकारी ना होखे। उऽ कहले कि हमनीं एह बारे में पता ना रहे। छात्र नया रहले बाकिर हमनीं भविष्य में सावधान रहब। उऽ कहले कि मामला अब सुलझ गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]