Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

US Open: ओलंपिक रजत पदक विजेता कार्लोस अल्काराज दूसरका राउंड में हारके बाहर, विश्व नंबर-74 जैंडस्कल्प हरवलें

852
Google Ads 300*250 for posts

विश्व नंबर तीन स्पेन के कार्लोस अल्काराज यूएस ओपन के पुरुष एकल के दूसरका राउंड में हारके टूर्नामेंट से बाहर हो गइल बाड़ें। ऊ बियफे के रात आर्थर ऐश स्टेडियम के सेंटर कोर्ट पs स्तब्ध कs देवे वाला मैच में विश्व रैंकिंग में 74वां स्थान पs काबिज बोटिक वान डी जैंडस्कल्प दु घंटा 19 मिनट तक चलल मुकाबला में 6-1, 7-5, 6-4 से हरा देलें।

अल्काराज अब तक तीन अलग-अलग ग्रैंडस्लैम चार बेर जीत चुकल बाड़ें। एमे दु बेर विंबलडन (2023, 2024), एगो फ्रेंच ओपन (2024) आ एगो यूएस ओपन (2022) सामिल बा। माने ऊ कुल मिलाके चार ग्रैंडस्लैम जीत चुकल बाड़ें। एकरा अलावे पेरिस ओलंपिक में ऊ रजत पदक जीतले रहस। अल्काराज यूएस ओपन के जीते खातिर पसंदीदा मानल जात रहस, बाकिर उनकर डच प्रतिद्वंद्वी शिकस्त दे देलें।

अल्काराज पहिला सेट में पूरा तरे से आउट ऑफ प्ले दिखत रहस। जैंडस्कल्प उनकर सर्विस दु बेर ब्रेक कइलें आ पॉइंट अर्जित कइलें। हालांकि, जैंडस्कल्प एतना सानदार रहस कि ऊ अल्काराज के आपन सर्विस तुड़े के एको मवका ना देलें। यह दर्शाता है कि वह कितना प्रभावशाली थे। जैंडस्कल्प अब तीसरका दौर में यूएसए के जैक ड्रेपर से भिड़िहें।

पहिला सेट में जैंडस्कल्प पूरा तरे हावी दिखलें आ 6-1 से अपना नामे कइलें। दूसरका सेट 5-5 से बराबर रहला के बाद टाई ब्रेक में पहुंचल, जवना के जैंडस्कल्प 7-5 से अपना नामे कइलें। तीसरका सेट में जैंडस्कल्प एकबेर फेर सानदार दिखलें आ 6-4 से जीत हासिल कइलें आ मैच अपना नामे कइले। अल्काराज विंबलडन 2021 के बाद पहिला बेर कवनो ग्रैंडस्लैम टूर्नामेंट से सुरुआती दौर में हारके बाहर भइल बाड़ें। जैंडस्कल्प अपना फर्स्ट सर्व में सानदार दिखलें आ कुल 63 में से 49 पॉइंट माने 78 प्रतिशत पॉइंट ऊ अपना फर्स्ट सर्व से हासिल कइलें। ऊ 22 स्मैशिंग विनर्स लगवलें। अल्काराज 21 विनर्स जरूर लगवलें, लेकिन संगही 27 अनफोर्स्ड एररो कइलें, जवन निर्णायक साबित भइल।

जैंडस्कल्प पहिला राउंड में शापोवालोव के 6-4, 7-5, 6-4 से हरवले रहस। अल्काराज अपना पहिला राउंड में ली तू के 6-2, 4-6,6-3, 6-1 से हरवले रहस। अल्काराज के फॉर्म पिछला कुछ समय से खास नइखे रहल। पेरिस ओलंपिक के फाइनल में नोवाक जोकोविच से हरला के बाद उनका सिनसिनाटी ओपन टेनिस टूर्नामेंट के सुरुआती दौर में गेल मोनफिल्स के हाथन हार के सामना करे के पड़ल रहे। मोनफिल्स तीन सेट तक चलल एह कड़ा मुकाबला में 4-6, 7-6 (7-5), 6-4 से जीत दर्ज कइलें। एह हार के बाद अल्काराज आपन गुस्सा रैकेट पs निकलके आ ओकरा के कइयन बेर बार नीचे पटकके तुड़ डलले। सिनासिनाटी ओपन टूर्नामेंट यूएस ओपन के तइयारी के सिलसिला में महत्वपूर्ण मानल जाला।

945100cookie-checkUS Open: ओलंपिक रजत पदक विजेता कार्लोस अल्काराज दूसरका राउंड में हारके बाहर, विश्व नंबर-74 जैंडस्कल्प हरवलें

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.