कुश्ती प्रतियोगिता: गोरखपुर में आज से जुटिहें देश भर के खिलाड़ी, पहिला बेर मंडल में होई अइसन आयोजन

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 14, 2024

      68वीं अंडर-14 राष्ट्रीय स्कूल कुश्ती (फ्री स्टाइल) प्रतियोगिता 2024-25 के आयोजन 16 से 20 नवंबर ले वीर बहादुर सिंह स्पोर्ट्स कॉलेज में होई। एकर तइयारी अंतिम चरण में बा. बियफ़ें से देश

Share

sports

 

 

 

68वीं अंडर-14 राष्ट्रीय स्कूल कुश्ती (फ्री स्टाइल) प्रतियोगिता 2024-25 के आयोजन 16 से 20 नवंबर ले वीर बहादुर सिंह स्पोर्ट्स कॉलेज में होई। एकर तइयारी अंतिम चरण में बा. बियफ़ें से देश के तमाम राज्य अवुरी केंद्र शासित प्रदेश के टीम जुटल शुरू कs दिही।

ई आयोजन गोरखपुर में पहिला बेर भारतीय स्कूल गेम्स फेडरेशन ऑफ इंडिया (एसजीएफआई) के ओर से होखे वाला बा। एहमें 45 टीम के 450 से अधिका लड़िका लड़िकी आपन किस्मत आजमाईहें. एह सब के अलावा करीब 200 अधिकारी भी जुट जइहें।

एह फ्रीस्टाइल प्रतियोगिता में 14 साल के लड़िका लड़िकी दू गो मैट पs बड़का मंच पर आपन ताकत देखा दीहें.

एह प्रतियोगिता में आवे वाला सगरी खिलाड़ियन खातिर स्टेडियम के के आसपास के होटलन में रहे के इंतजाम कs लिहल गइल बा. एह प्रतियोगिता के सगरी मैच वीर बहादुर सिंह स्पोर्ट्स कॉलेज में खेलल जाई जवना में देश के सगरी बोर्डन में पढ़े वाला विद्यार्थी खेलीहें. एहमें राज्य के साथे सीबीएसई, सीआईएससीई आ विकास भारती के विद्यार्थी शामिल बाड़े.

पहिला बेर होखे वाला एह आयोजन के भव्य बनावे के तइयारी हो रहल बा आजु से टीम के पहुंच सुरू हो जाई। शहर के प्रमुख होटल लड़िका लड़िकी के प्रतिभागी लोग के ठहरला खातिर आरक्षित कइल गइल बा

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.