[the_ad_group id="30365"]

Anupamaa: सुधांशु पांडे छोड़ले ‘अनुपमा’, रूपाली गांगुली के कइले अनफॉलो

सुधांशु पाण्डेय : फोटो
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

स्टार प्लस के मशहूर शो ‘अनुपमा’ में वनराज शाह के किरदार निभावे वाला टीवी अभिनेता सुधांशु पाण्डेय चार साल बाद एह शो के छोड़ दिहले बाड़न. उs एगो इंस्टाग्राम लाइव सेशन के दौरान राजन शाही के शो से बाहर होखे के घोषणा ककईले। जवना के बाद उनुकर 22 लाख प्रशंसक चौंक गईले। एह एलान के बाद सोशल मीडिया पs हलचल मच गइल बा. ओने सुधांशु के नया सोशल मीडिया एक्टिविटी से अनुपमा के विवाद अउरी बढ़ गइल बा.

‘अनुपमा’ छोड़ला के बाद अभिनेता सुधांशु पाण्डेय रूपाली गांगुली आ निर्माता राजन शाही के इंस्टाग्राम पs अनफॉलो कs दिहले बाड़न. एह कदम से सोशल मीडिया पs एगो नया विवाद पैदा हो गइल बा. प्रशंसकन के बीच ना बलुक टीवी इंडस्ट्री में भी हलचल मच गइल बा. हालांकि सुधांशु पाण्डेय के लाइव वीडियो में रूपाली गांगुली भा राजन शाही के संगे कवनो विवाद के जिक्र नईखे, बाकीर उनुकर इंस्टाग्राम कुछ अवुरी बतावत बा। एकरा से पहिले भी सुधांशु पांडे अवुरी रुपाली गांगुली के बीच मतभेद के खबर कई बेर सोझा आईल बा। सुधांशु के काम के लेके राजन शाही से भी बहस हो चुकल बा। बहुते अफवाहन के बीच ऊ अब एह शो छोड़े के फैसला कs लिहले बाड़न.

वनराज के किरदार निभावे वाला सुधांशु पाण्डेय अचानक ‘अनुपमा’ छोड़ दिहले बाड़न. एही बीच एs शो के लेके एगो अवुरी विवाद शुरू हो गईल बा। राजन अवुरी सुधांशु दुनो लोग सोशल मीडिया पs एक दूसरा के अनफॉलो कs देले बाड़े। सुधांशु पाण्डेय ‘अनुपमा’ के काहे छोड़ले बाड़न? एकरा बारे में अबे ले कवनो जानकारी नईखे मिलल।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]