दु दिवसीय राज्यस्तरीय प्रधानमंत्री युवा तैराकी प्रतियोगिता के समापन: सारण के अमनौर में पटना के सुशांत तुड़लें राष्ट्रीय रिकॉर्ड

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 11, 2024

सारण। अमनौर में अमृत सरोवर परिसर में स्थानीय सांसद राजीव प्रताप रूडी खेलो इंडिया के तहत आयोजित दु दिवसीय प्रधानमंत्री तैराकी प्रतियोगिता के समापन कइलें। राज्य के अलग-अलग जिलन से आइल 341 नवहा एह प्रतियोगिता

Share

सारण। अमनौर में अमृत सरोवर परिसर में स्थानीय सांसद राजीव प्रताप रूडी खेलो इंडिया के तहत आयोजित दु दिवसीय प्रधानमंत्री तैराकी प्रतियोगिता के समापन कइलें। राज्य के अलग-अलग जिलन से आइल 341 नवहा एह प्रतियोगिता में भाग लिहल लो। खेल प्रतियोगिता के फ्री-स्टाइल, बैक स्ट्रोक, ब्रेस्ट स्ट्रोक आ बटरफ्लाई विधा में 25 मीटर, 50 मीटर आ 100 मीटर के इवेंट करावल गइल।

तैराकी प्रतियोगिता में पटना के सुशांत कुमार 50 मीटर के तैराकी 28 सेकेंड में पूरा कइलें। जवन कि राष्ट्रीय रिकॉर्ड 29 सेकेंड से कम समय बा। एकरा के लेके सारण सांसद रूडी कहलें कि एह प्रतियोगिता से चार तैराकन के चयन राष्ट्रीय स्तर पs कइल जाई। जे दिल्ली के ताल कटोरा स्टेडियम मे तैराकी के प्रशिक्षण प्राप्त करी लो। ओहिजा, सुशांत कुमार के ऑफ रिकॉर्ड राष्ट्रीय रिकॉर्ड के ब्रेक कइला पs रूडी कहलें कि एह तैराक के सारण गोद ली।

सांसद राजीव प्रताप रुडी कहलें कि ग्रामीण तैराकी प्रतियोगिता हमनी के देस के नौजवान छात्रन के हुनर के प्रदर्शित करत बा। प्रतियोगिता के बाद सब उत्कृष्ट प्रतिभागियन के प्रशस्ति पत्र आ मेमोंटो देके सम्मानित कइल गइल। एमे सुशांत कुमार, धीरज कुमार निषाद, विवेक कुमार, सनी कुमार, सोनू कुमार, रोहित कुमार, रोहित कुमार सिंह, श्रवण कुमार, भूषण कुमार, मृत्युंजय कुमार, जितेन्द्र कुमार, अनिल कुमार के नाम सामिल बा। बालिका ग्रुप में सुमंती कुमारी, मुस्कान कुमारी, शामो प्रवीण के नाव सामिल बा। दिव्यांग ग्रुप में दीपक कुमार, राकेश कुमार आ अमरजीत कुमार सहनी के नाम सामिल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.